viraj-monalisa-khuddarअमृत क्रियेशन के बैनर तले बनल भोजपुरी फिलिम ‘दबंग मोरा बालमा’ अगिला 30 अगस्त से बिहार में रिलीज होखी. एक्शन आ इमोशन भरल एह फिलिम के पूरा शूटिंग यूपी में भइल रहे. फिलिम के गाना बहुते बढ़िया बाड़ी स.

निर्माता जयेश पटेल, लेखक-निर्देशक अवनि अग्रवाल, सह निर्माता राकेश पटेल, शैलेश पटेल आ प्रिया सिंह, संगीतकार गणेश पाण्डेय, गीतकार पवन मिश्र, धनंजय भट्ट, अउर राणा, छायांकन करीम खत्री के, आ नृत्यनिर्देशक मयंक अशोक हउवें.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, मोनालिसा, अजय दीक्षित, परी सिंघानिया, वैभव राय, सुरेन्द्र पाल, शशी भूषण सिंह, नीलिमा सिंह वगैरह शामिल बाड़ें.


(संजय भूषण पटियाला)

By Editor

कुछ त कहीं...

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.