एह लेख के माथ पढ़ि के रउरा चिहुँकल होखब काहे की वापसी त ओकर होला जे काम छोड़के गइला का बाद वापिस लवटल होखो. त फेर सवाल उठता की रविकिशन आजु जब फिल्म, टीवी पर अतना व्यस्त बाड़न त उनकर वापसी कहाँ हो रहल बा ?

दरअसल रवि किशन के वापसी के मामिला उनका दिल से जुडल बा, उनका ओह यादन से जुडल ना जवना के सपना ऊ अपना नन्हकी आँखन से देखले रहलें. रवि किशन के लड़िकाइयें से शौक रहुवे अभिनय के. अपना छोटहन घर में आयना का सोझा डायलोग बोलत उनका मन में अकसर ख्याल आवत रहुवे कि एक ना एक दिन ऊ अभिनेता जरुर बनीहें आ फेर ओही गली चौराहन पर शूटिंग करे अइहें जहाँ ऊ पलल बढ़ल रहलें.

वक़्त बदलल आ आजु रवि किशन भोजपुरी सिनेमा के बेताज बादशाह त बड़ले बाड़न, साथहीसाथे पूरा ग्लेमर वर्ल्ड में जानल पहिचानल नाम बन गइल बाड़न.अइसनका में बीस साल बाद रवि किशन का ऊ सपना पूरा भइल बा जब रवि किशन ओही गली चौराहन पर भोजपुरी फिल्म “प्राण जाये पर वचन ना जाये” के शूटिंग करत बाड़न जवना के सपना ऊ बचपन में देखले रहलें.


(स्रोत – उदय भगत)

 392 total views,  2 views today

%d bloggers like this: