VardiwalaGunda-Nirahuaसिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार निरहुआ अब ‘‘वर्दीवाला गुण्डा’‘ बन गइल बाड़न. बालाजी सिने विजन प्रा. लि. के बैनर तले बनल एह फिलिम ‘‘वर्दीवाला गुण्डा’’ में निरहुआ एक्शन रोल विलेन अवधेश मिश्रा संगे फरियावत नजर अइहें.

निर्माता हउवें पप्पू भाई आ राजेश सिंह आ निर्देशक हउवें हिन्दी फिल्म ‘‘जिगर’’ आ ‘‘विजय पथ’’ के निर्देशन करे वाला फारूख अहमद सिददकी. निरहुआ के नायिका बाड़ी अंजना सिंह. निरहुआ के कहना बा कि ‘‘वर्दीवाला गुण्डा’’ फिलिम दर्शकन के भरपूर मनोरंजन करी.


(प्रशांत निशांत)

By Editor

कुछ त कहीं...

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.