पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म यूपी का २७ गो सिनेमाघरन में एक साथे रिलीज कइल गइल आ हर जगहे ऊ फिल्म हाउसफुल रहल. फिल्म ह डी रामानायडू के शिवा. ई फिल्म भोजपुरी सिनेमा के किंग अभिनेता दिनेशलाल यादव निरहुआ के शानदार अभिनय आ जोरदार एक्शन का साथ साथ पाखी हेगडे के दिलकश किरदार से सजावल बा.

आलम त ई बा कि शिवा बनारस के आनन्द मन्दिर, गोरखपुर के युनाइटेड समेत तमाम सिनेमाघर में हाउसफुल के रिकार्ड कलेक्शन बिटोर रहल बिया. पहिला बेर कवनो भोजपुरी फिल्म यूपी का सिनेमाघरन में अइसन धमाल मचवले बिया.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त )

Loading

%d bloggers like this: