seema_singh_lalkarमत सोचीं जे “ललकार” नाम के कवनो फिलिम बनत बावे जवना में डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के आयटम नंबर के बात कहे वाला बानी बाकिर मामिला कुछ अउरिए बा. दरअसल सीमा सिंह के जवना फिलिम के बात करत बानी तवना के नाम ह “शिवानी की ललकार”. एह फिलिम ला सीमा सिंह पिछला दिने आपन आयटम नंबर शूट करवली. कोरियोग्राफर रहले कानू मुखर्जी जे विनय बिहारी के लिखल गीत आ उनुके संगीत पर एह आयटम के नृत्य निर्देशन कइलें. फिलिम के निर्देशक हउवन अल्लामशेट्टी.

एह फिलिम के नायिका हई पाखी हेगड़े.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिंहा)

 318 total views,  2 views today

By Editor

%d bloggers like this: