जब कवनो आम परिवार के सीधा साधा प्रतिष्ठित आदमी कवनो मजबूरी में आपन मान आ विवेक तज देला त ओकरा से बड़ गुण्डा केहू ना होखे. इ कहना ह अपना फिलिम के कहानी ले के निर्देशक अजय कुमार झा के. उ बतियावत रहलें पिछला दिने रिलीज भइल अपना फिलिम बेताब का बारे में. बातचीत भइल निर्देशक अजय कुमार झा के नयकी फिलिम “जो जीता वही सिकंदर” के सेट प.
कहलन कि अपना फिलिमन का बारे में सभे उमीद पोसले रहेला आ उहो रहलन. काहे कि फिलिम बढ़िया बनल रहुवे आ एकरा सफल होखे के पूरा उमेद रहुवे. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट का बारे में अजय कुमार झा कहलन कि कंपनी भोजपुरी सिनेमा के बढ़ावे में लागल बिया आ उनुका ए बात के खुशी बा कि एह कंपनी से जुड़ल बाड़ें.
“जो जीता वही सिकंदर” फिलिम का बारे में अजय झा कहलन कि खैसारीजी संगे इ उनकर दुसरकी फिलिम ह. बतवलन कि बेताब फिलिम में एह लोग के ट्यूनिंग अतना बढ़िया बन गइल कि कंपनी एह लोग के रिपीट क दिहलसि. नायिका बाड़ी प्रियंका पंडित आ साथे बाड़न आनंद मोहन, प्रिया शर्मा, उमेश सिंह, अनूप अरोडा, संजू सोलंकी, हीरा यादव वगैरह.
ईहो फिलिम बेताबे जइसन एक्शन मसाला फिल्म हवे जवना में खेसारीलाल यादव पहिला बेर डबल रोल में बाड़न. बीएसएफ जवना के किरदार वाला खेसारीलाल जब गाँवे आवत बाड़े त देखत बाड़े कि सीमा से अधिका परेशानी त गाँवे जवार में बा. एह परेशानी से दूर करे के सोचत बाड़न त उनका प कातिलाना हमला होखत बा आ मुअल जस हालत मे फेंक देत बाड़न स. तबहिए पुलिस आफिसर के किरदार वाला खेसारी आवत बाड़े. बहुते रोमांचक नाटक बा.
अजय कुमार झा के निर्देशन में पहिला फिलिम रहुवे मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी आ दोसरकी रहुवे जीना मरना तेरे संग. दुनु में विक्रांत आ मोनालिसा के मुख्य जोड़ी रहुवे. मोनालिसा आ शुभम तिवारी के सन्यासी बलमा तिसरकी फिलिम रहल त चउथकी फिलिम रहल मनोज दाव आ निरुपमाश्री के जोड़ी वाली “रेजा”. पँचवी फिलिम “सैंया तूफानी” में फेरू मोनालिसा आ विक्रांत के जोड़ी जमल जवन “खून का बदला खून” फिलिमो में रहल. सतवीं फिलिम रहल “बेताब” आ अब “जो जीता वही सिकंदर” अजय झा के निर्देशन में बनत अठवीं फिलिम ह. आ आठो फिलिम दू साल भितरे क लिहलें.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)