Vikalभोजपुरी सिनेमा ला ई बढ़िया सनेस बा कि बुद्धिजीवी वर्ग आ अउरियो बड़का लोग एहमे रुचि लेबे लागल बा. साथ ही एकर स्टैंडर्ड बढ़ावे के कोशिश में जुट गइल बा लोग. कुमार विकल अइसन लेखक-निर्देशक हउवें जे हमेशा नया तेवर आ नया धरातल प फिलिम बनावत रहेले. हाल ही में कुमार विकल के निर्देशन में पवन सिंह, मोनालिसा, सचित कुमार, अंजना सिंह, अक्षरा सिंह, बृजेश त्रिपाठी, आनंद मोहन, के.के. गोस्वामी, सीमा सिंह वगैरह कलाकारन का साथ फिलिम ‘करेला कमाल, धरती के लाल’ पूरा भइल बा. एकरा बाद कुमार विकल अपना नइकी फिलिम ‘रॉक डांसर’ के भव्य संगीतमय शुरुआत क दिहले बाड़न. पिछला दिने उनुका से भोजपुरी सिनेमा के दशा दिशा ले के लमहर बातचीत भइल जवना के कुछ हिस्सा एहिजा दीहल जात बा. :

कुमार विकल जी, ‘करेला कमाल, धरती के लाल’ का बारे में कुछ बताईं. सुनात बा कि ई फिलिम पहिलही से धमाल मचावत बिया?

देखीं, वइसे त हम अनेके फिलिम कइले बानी बाकि ई फिलिम हमरा ला कुछ खास बा काहे कि एकरा ला हमार तइयारिओ खास रहल. हम निर्माता डॉ. यू.एस. प्रसाद के आभारी बानी जे पेशा से डॉक्टर होके आम भोजपुरी फिलिमन से बिल्कुले अलग एगो अइसंन स्टोरी आइडिया दिहलन जवन हिन्दीओ फिलिमन प भारी पड़ सकेला. भगवान बुद्ध के उपदेशन पर बनल एह फिलिम में देखावल गइल बा कि समाज में बुराई आ बेईमानी ला कवनो जगहा नइखे आ एकरा के शांति आ भाईचारा का नीति से समूल नष्ट कइल जा सकेला. एह फिलिम ला भोजपुरी में पहिला बेर मंहग महँग सेट-सेटिंग तइयार कइल गइल आ अछूता नयनाभिराम लोकेशनन प शूटिंग भइल.

एहमें पवन सिंह आ मोनालिसा के का भूमिका बा ? एह लोग का साथे काम क के कइसन लागल ?
पवन सिंह से हमार पुरान परिचय रहल बा आ उनुका साथे हमार पारिवारिक ताल्लुकात ह. पवन सिंह एके शेड्यूल में फिलिम पूरा करवा दिहलन, एहले बड़ बात अउर का हो सकेला? एह फिलिम में पवन सिंह किसान के बेटा बनल बाड़े जे बढ़िया पढ़ाई कइला का बादो गांवे में रहल पसंद करऽता आ अपना गांव-समाज के सेवा कइल आपन फर्ज समुझत बा. फिलिम में मोनालिसा के किरदार थाईलैण्ड के हवे, जेकर पूर्वज कबो बिहारी रहले आ उ अपना पुरखन के जन्मभूमि के दर्शन करे आइल बिया. एहिजे पवन सिंह से ओकर मुलाकात होता आ दुनू में प्यार हो जात बा.

अक्षरा सिंह के भूमिका का बा?
देखीं, भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर कवनो महिला विलेन बन के आइल बाड़ी. अक्षरा सिंह एह फिलिम में एगो लेडी डॉन के रूप में भयंकर रूप से पवन सिंह से टकरात बाड़ी. एकरा अलावे सचित कुमार जांबाज पुलिस इन्स्पेक्टर के भूमिका में बाड़न जिनका से गांव के एगो चंचल छोरी बनल अंजना सिंह जबरिया प्यार कइल चाहत बाड़ी. एकरे अलावे बृजेश त्रिपाठी, समर्थ चतुर्वेदी, पुष्पा वर्मा, पूजा राय, के.के. गोस्वामी, शकीला मजीद अउर उदय शंकरो जी के अहम भूमिका बा. आइटम गर्ल के रूप में सीमा सिंह के एंट्री हेलेन जी के याद कराई. विनय बिहारी के लिखल गीतन के राजेश गुप्ता बेहतरीन संगीत दिहले बाड़न आ कानू मुखर्जी अउर रिकी गुप्ता शानदार ढंग से फिलिमवले बा लोग. दिलीप यादव के एक्शन जबरदस्त बा. संजीव राणे के कला एगो बरियार पहलू बा फिलिम के आ प्रमोद पांडेय के फोटोग्राफी लाजवाब बा.

भोजपुरी सिनेमा के मौजूदा हालात से रउरा संतुष्ट बानी?
देखीं, अपना चीज के खराब ना कहे के चाहीं लेकिन भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री के जवन हाल बा तवना के जिम्मेवार हमनिए का बानी. हमहू भोजपुरिए इलाका के हईं, भोजपुरी के रोटी खाइलाँ बाकि भोजपुरी फिलिम ना देखीं. आज के भोजपुरी दर्शकन क जवन चाहीं, हमनी का दे नइखीं पावत आ अपना गलती के दोष दोसरा पर लगावल चाहत बानी. आजु अइसन कवनो भोजपुरी फिलिम नइखे बनत जवन दोसरा भाषा के फिलिमन प भारी पड़े आ हमनी का गर्व से सीना तान सकीं. भोजपुरी के बड़हन दायरा होखला का बादो हमनी का बहुते पिछुआइल बानी जा.

आगे के योजना का बा?
अबहीं त ‘करेला कमाल, धरती के लाल’ के रिलीज के तइयारी चलत बा. एकाध गो अउरिओ फिलिमन प काम चलत बा. ‘रॉक डाँसर’ के शूटिंगो जल्दिए करे के बा.


(समरजीत)

Loading

By Editor

One thought on “‘करेला कमाल, धरती के लाल’ के बेहतरीन फिलिम बतवले निर्देशक कुमार विकल”
  1. संपादक जी,
    श्री कुमार विकल एक व्यावहारिक व्यक्ति तो हैं पर विश्वसनीय व्यक्ति नहीं| ये फिल्म के लिए गीतकारों से गीत तो लेते हैं पर गीतकार के रूप में उनका नाम नहीं भी देते हैं| ये फिल्म के लिए जिन गायकों से गवाते हैं उनकी बिना अनुमति लिए या सूचित किए ही दूसरे गायकों से डबिंग कराकर फिल्म रिलीज करा देते हैं | श्री कुमार विकल को यह सुझाव दिया जाना चाहिए कि वे पहले स्वयं को विश्वसनीय बनाएँ, तभी समाज और साहित्य को भी कुछ दे पाएँगे | एक भुक्तभोगी

Comments are closed.

%d bloggers like this: