Nirahua-on-bridgeभोजपुरी सिनेमा के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ‘ के बादशाहत लगातार सतवों साल बॉक्स ऑफिस पर बरकरार रहल. साल 2007, 2008, 2009, 2010, 2011, आ 2012 जइसने एहू साल 2013 में लगातार सतवाँ साल निरहुआ अपना सफलता के ग्राफ बनवले रखले.

लगातार सतवाँ साल अपना फिलिमन के निर्माता, निर्देशक, वितरक आ सिनेमाघर मालिक सभकर मुस्कान बनवले रखले निरहुआ साल दू हजार तेरहो में.

एह साल निरहुआ के पहिलका फिलिम रहल असलम शेख निर्देशित ‘रखवाला‘. एहमें निरहुआ इंस्पेक्टर बनल रहले, फिलिम औसत व्यवसाय कइलसि. फगुआ बेरा आइल निरहुआ के दु गो फिलिम ‘दिलेर‘ अउर ‘गंगा जमुना सरस्वती‘. दुनू में निरहूआ के अभिनय के तारीफ भइल आ दुनू हिट भइली सँ.

10 मई के आइल ‘बीवी नं०-1‘ में निरहुआ के कॉमेडी अंदाज देखेवालन के बहुते नीक लागल. फेर 31 मई के निरहुआ ‘वर्दीवाला गुन्डा‘ बनके अइलन आ एहमें उनकर एक्शन आ संवाद अदायगी दर्शक खूब पसंद कइले. फिलिम बिहार-झारखंड, यू०पी० आ मुंबई में शानदार व्यवसाय कइलसि.

दुर्गा पुजा बेरा निरहुआ ‘दुल्हे राजा‘ बन के अइले आ उत्तर भारत में अइल बड़हन तूफान का बावजुद इहो फिलिम बिहार, यू०पी०, मुंबई में निकहा बिजनेस कइलसि.

निरहुआ के ‘इज्जत‘ फिलिमो देखेवालन से खूब बड़ाई पवलसि.

कुल मिला के कहीं त इहो साल निरहुआ खातिर बहुते बढ़िया रहल आ सात साल से निरहआ लगातार भोजपुरी सिनेमा के सरताज बनल रह गइले. उमेद कइल जा सकेला कि साल 2014 में दर्शक उनकर बादशाहत बनवले रखीहें.


(प्रशांत निशांत)
(२२ दिसंबर १३)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: