SanjayPandey-gunpoint
भोजपुरी सिनेमा के अव्वल खलनायक संजय पांडे के गन प्वाईंट एह घरी हिट चलत बा.

पिछला दिने जानल मानल निर्देशक दिनेश यादव के फिलिम ‘दीवानगी हद से’ के शूटिंग संजय पाण्डेय खरम कइलन. एह में एगो सीन में संजय पांडे गन प्वाईंट चेहरा पर लगवले लउकत बाड़न.

जान जाइं से एहु साल संजय पांडे के अनेके फिलिम सफलता के डंका पिटले बाड़ी सँ. एहमें देवरा भईल दिवाना, राजा जी आई लव यू, घुस के मारब, कच्चे धागे, निरहूआ हिन्दुस्तानी वगैरह खास बाड़ी सँ.

संजय पांडे के रिलीज होखे वाली फिलिमन में दीवानगी हद से ,जाने मन, अउर दिल भईल दिवाना तोहरे प्यार में खास बाड़ी सँ.

अपना सफलता खातिर संजय पांडे अपना फिलिमन के निर्माता, निर्देशकन आ दर्शकन के धन्यवाद देत कहेलें कि आजु जवन बानी तवन एही लोग से मिलल सहयोग, भरोसा आ प्यार का चलते.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: