Jaaneman-teamभोजपुरी फ़िलिम “जानेमन” के एगो रोमांटिक गीत के फिल्मांकन पिछला दिने मुम्बई के रमणीक जगहा मड आयलैंड में कइल गइल. श्रेयस फिल्म्स के बैनर में एकर निर्माता हउवे प्रेम राय, सह निर्माता अरुण सिंह, आ निर्देशक अरविन्द चौबे.

गीतकार प्यारे लाल यादव कविजी के लिखल इ गीत खेसारी लाल यादव आ प्रियंका पंडित पर फिलिमावल गइल. नृत्य निर्देशन कइले संजय कुर्वे. फिलिम के अउरी गीतन के गीतकार आजाद सिंह आ मनोज मतलबी हउवे. संगीतकार घुँघुरू, आ छायांकन प्रमोद पाण्डेय के बा.

मुख्य कलाकार – खेसारी लाल यादव, विराज भाट्ट, काजल राघवानी, प्रियंका पंडित, शिखा मिश्रा, अनूप अरोरा, सत्य प्रकाश सिंह, अनूप लोटा, अरुण सिंह, अभय राय, नवोदित गायक अनिल यादव, जसवन्त जयसवाल अउर संजय पाण्डेय.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: