Dillagi-posterए एम ए डी मार्किंग के परोसल फिलिम “दिल्लगी” के मुहूर्त पिछला दिने मुम्बई के ए बी साउण्ड रिकॉर्डिंग स्टूडियो में बहुते धूमधाम से भइल.

निर्मात्री दीपा यादव आ सह निर्माता अशोक दर्जी, तौफ़ीक भोजपुरिया, अउर आरिफ भोजपुरिया के एह फिलिम के निर्देशन राम यादव करत बाड़े.
कहानी लिखले बाड़ी प्रिया सिंह जे एह घरी के इश्क के सच्चाई रूपहला परदा प देखावे के कोशिश कइले बाड़ी. एकर पटकथा आ संवाद लिखले बाड़न लालजी यादव. संगीत साउण्ड स्टेशन के, गीतकार प्यारेलाल यादव कवि, नन्द बिहारी यादव अउर पंकज प्रियदर्शी, निर्माण प्रबंधक संजय दूबे, आ रूप सज्जाकार अशोक विश्वकर्मा हउवे.

मुख्य भूमिका में धर्मेश मिश्रा, रानी चटर्जी, तौफ़ीक भोजपुरिया, आरिफ भोजपुरिया, संजय दुबे, राकेश मिश्रा, सुशील मिश्रा अउर दिनेश राय बाड़े.


(रामचंद्र यादव)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: