देश के सांस्कृतिक राजधानी बनारस प्रवेश लाल यादव जूनियर निरहुआ खातिर शुभ साबित भइल बा. उनकर फिल्म “दिल” बनारस के आनन्द चित्रमन्दिर में पहिलके दिने हाउसफुल रहल जबकि बिहार में ई फिलिम ओतना कमाल ना देखवले रहे. एतने ना बनारस का अलावा यूपी के दर्जन भर सिनेमा घरन में “दिल” जोरदार धड़क रहल बा. एह फिल्म में प्रवेश लाल आ पाखी हेगडे के जोड़ी दर्शकन के पसन्द आ रहल बा.
अपना प्रशंसकन के एह बेपनाह मुहब्बत देखि के प्रवेश लाल यादव एह घरी यूपी के दौरा पर जा के अपना प्रशंसकन से रुबरु हो रहल बाड़े.
(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)
ye film ke kolkata k cinema hall me dekhani ta lagal ki ham gaun me bani.bhojpuri jinda bad Jay Bihar.