भोजपुरी इंडस्ट्री के बड़हन निर्माता आ प्रोडक्शन कंपनी आदिशक्ति एंटरटेनमेंट के दुर्गा प्रसाद मजूमदार, जिनका के सभे आदर से दुर्गा दादा कहेला, के पिछला दिने दिल्ली में भइल एगो समारोह मे ‘भिखारी ठाकुर सम्मान’ से नवाजल गइल.
भोजपुरी भाषा, साहित्य, कला-संस्कृति, आ समाज के बेहतरी का दिशाईं जाने जोग काम करे ला दुर्गा दादा के ई सम्मान संजय सिन्हा के हाथे मनोज तिवारी का मौजूदगी में दिहल गइल.
एह मौका पर बोलत दुर्गा प्रसाद मजूमदार के कहना रहल कि जल्दिए भोजपुरी भाषा संविधान के अठवीं सूची मे शामिल हो जाई आ भोजपुरी भाषा के बढ़न्ती ला ऊ हमेशा मेहनत करत रहीहे. उनकर योजना बा कि भोजपुरी के शो आ प्रोग्राम करा के देश भर मे भोजपुरी का बारे मे जागरुकता बढ़इहें.
(संजय भूषण पटियाला)
सराहनिय कदम दूर्गा दादा के।।।।।