Rajaji-ILU-posterभोजपुरिया परदा पर “दिलदार सांवरिया” से हिट भइल जोड़ी, यश कुमार आ अंजना सिंह, के दुसरकी फिलिम “राजा जी आई लव यू” के शानदार सफलता मिलल बा आ दुनू एक बेर फेरू सिनेप्रेमियन के प्यार पावे में सफल हो गइल बाड़े,

तन्वी मल्टी मिडिया के बैनर में बनल निर्मित निर्माता दीपक शाह आ निर्देशक विनय बिहारी के एह फिलिम “राजा जी आई लव यू” में यश आ अंजना के रोमांटिक जोड़ी का साथे बाड़न कुणाल सिंह, संजय पाण्डेय, मनोज टाइगर, आनंद मोहन, आ अयाज़ खान.

निर्देशक विनय बिहारी भोजपुरी फ़िलिमन के सबले बड़ गीतकार मानल जाले. एह फिलिम से उ अपना निर्देशन के पारी के बढ़िया शुरुआत कइले बाड़न. अब विनय बिहारी के सफल निर्देशक मान लीहल गइल बा. एह फिलिम के संगीतो उनुके दीहल ह. फिलिम के रोमांटिक गीतन के सुनवईया खूबे पसंद करत बाड़े.


(उदय भगत)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: