सिनेमा भोजपुरी के ड्रीम गर्ल रिंकू घोष के दबदबा एहू साल बनल रही. एह साल रिंकू घोष के एक से बढ़के एक फिलिम त आवही वाला बड़ी सँ. एह साल ऊ तीनों सुपर स्टारन, मनोज तिवारी, रवि किशन आ दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’, संगे ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में नजर आवे वाला बाड़ी. एह फिलिम में पहिला बेर तीनो सुपर स्टार एक साथे नजर आवे वाला बाड़े.
एह साल रिंकू घोष के आवे वाली फिलिमन में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ संग “रखवाला”, रवि किशन संगे ‘साली बड़ी सतावेली’ आ एगो महिला प्रधान एक्शन फिलिम ‘इंसाफ के डंका’ शामिल बा. ‘कोठा’ फिलिमो एही साल रिलीज होखे वाली बा. हिंदी फिलिम ‘जय मां मैहरवाली’ओ में रिंकू घोष नायिका बाड़ी. साथही अंजन टीवी पर आवत ‘धनिया के थाना’ टीवी शोओ में रिंकू व्यस्त बाड़ी.
(शशिकांत सिंह)
0 Comments