भोजपुरी सिनेमा के स्टार अदाकारा रानी चटर्जी अब लैला बन गइल बाड़ी आ लोकप्रिय गायक अभिनेता राकेश मिश्रा उनकर छैला हो गइल बाड़े. एह लोग के फिलिम ‘एक लैला तीन छैला’ के शुटिंग चलत बा एह घरी.
रानी के कहना बा कि ई एगो रोमांटिक फिलिम ह जवना मे ऊ कालेजिया लड़िकी के भूमिका में बाड़ी आ उनुका के तीन गो लड़िका पसंद करत बाड़े. एह तीनो में उनकर छैला के बनी ई फिलिम के क्लाइमेक्स पर पता लागी.
तीनो प्रेमी छैलन के भुमिका में बाड़े राकेश मिश्रा, अरविन्द अकेला कल्लू, आ ध्रमेश मिश्रा. फिल्म के निर्देशक हउवें शाद अली.
एक लैला तीन छैला
बैनर – आर. एम. फिल्म्स प्रा.लि.
निर्माता – मुकेश सोनी आ संतोष सोनी.
निर्देशक – शाद कुमार
लेखक – लालजी यादव
कार्यकारी निर्माता – अतिन दूबे
छायांकन – गौरांग साहा
नृत्य निर्देशक – कानू मुखर्जी
संगीतकार – छोटे बाबा
गीतकार – अशोक सिन्हा, फणीन्द्र राव, प्रेम सागर आ जीतेन्द्र मिर्जापुरी
कला निर्देशक – प्रदीप कुमार झा
प्रोडक्शन डिजाईनर – मोहन भिन्गी
निर्माण प्रबंधक – अब्दुल सिददकी आ रंगलाल निषाद
मुख्य कलाकार – रानी चटर्जी, राकेश मिश्रा, अरविन्द अकेला कलुआ, धर्मेश मिश्रा, राजू श्रेष्ठा, बालेश्वर सिन्ह, के के गोस्वामी, सी पी भट्ट, अनूप अरोरा, साहिल शेख, मेहनाज सराफ, सीमा सिंह, आ संजय पाण्डेय.
(प्रशांत निशांत) आ (अपना न्यूज़)