KhesariLal1भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार खेसारीलाल यादव साल 2013 के सबले सफल नायक रहले खेसारीलाल यादव जिनकर एह साल कुल सात गो फिलिम रिलीज भइली स.

पहिला रहल ‘हवा में उड़ता जाए लाल दुपट्टा मलमल का‘. दुसरकी फिलिम रहल ‘सपुत‘ जवन सगरी बिहार में ऐतिहासिक ओपनिंग लिहलसि. तिसरकी फिलिम रहुवे निर्माता अभय सिन्हा आ निर्देशक असलम शेख के ‘प्यार झुकता नहीं‘. ईद प रिलीज भइल इ फिलिम पूरा बिहार में रिकार्ड बिजनेस कइलसि आ साल के सबले बड़का हिट फिलिम बन गइल. मुंबई आ यू०पी० ओ में एकर व्यवसाय शानदार रहल.

एकरा बाद आइल ‘बलमा बिहारवाला‘ जवन बढ़िया बिजनेस कइलसि. खेसारी के अगिलका फिलिम रहुवे ‘संसार‘जवन साल के बड़का हिट फिलिमन में शुमार भइल.

खेसारी लाल के एह साल के आखिरी फिलिम रहल ‘छपरा एक्सप्रेस‘ आ इहो बढ़िया बिजनेस कइलसि.

एह तरह से खेसारी लाल साल 2013 के सबले सफल आ नं० 1 नायक बन गइलन आ एह सफलता के सगरी श्रेय खेसारी अपना दर्शकन के देत बाड़न.


(प्रशांत निशांत)
(२८ दिसंबर १३)

Loading

By Editor

%d bloggers like this: