30 अगस्त के मुबई अइहें ‘गोबर सिंह’

by | Aug 15, 2013 | 0 comments

gobar-singh-manojभोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी के रिकार्ड पर रिकार्ड तोड़त फिलिम ‘गोबर सिंह’ उत्तर प्रदेश में हंगामा मचवला क बाद अब मुंबई में रहे वाला उत्तर भारतीयन के दिल जीते आवत बिया. फिलिम मुंबई में 30 अगस्त के रिलीज होखी. यूपी के मीडिया एह बात के खुबे रेघरियवले बा कि एह फिलिम के सफलता से तय होखी कि लोग कवना तरह के भोजपुरी फिलिम देखल चाहत बा. एह फिलिम के मीडिया हाथो हाथ लिहले बा. सभे एकर तारीफ कइले बा आ कुछ के कहना बा कि एह फिलिम के अवार्ड मिले के चाहीं.

फिलिम के निर्देशक बॉबी सिंह के कहना बा कि ‘गोबर सिंह’ के भूमिका दुइए आदमी कर सकत रहुवे. हिंदी में राजकपूर आ भोजपुरी मे मनोज तिवारी. एह फिलिम के नायिका बाड़ी रिंकू घोष. साथी कलाकारन में पारुल यादव, संतोष सिंह, फूल सिंह, नवल किशोर, राकेश त्रिपाठी, मोना राय, विकास सिंह वीरप्पन, प्रभुनाथ सिंह, राजेश तोमर, खुद निर्देशक बॉबी सिंह, आ महाराष्ट्र के कांग्रेसी नेता कृपा शंकर सिंह शामिल बाड़े,

फिलिम में आठ गो गाना बा जवना के लिखले बाड़े श्याम देहाती अउर राजेश मिश्रा आ संगीत दिहले बाड़े लाल सिन्हा. संवाद लेखक राकेश त्रिपाठी आ मनोज कुशवाहा हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up