अपना क्षेत्र में हरदम नया नया प्रयोग करे खातिर मशहूर गीतकार – अभिनेता बिपिन बहार एक साल के एकांतवास का बाद फेर से भोजपुरी जगत में सक्रिय हो गइल बाड़न. हालही में उनकर एगो फिलिम भोजपुरिया डॉन रिलीज़ भइल बा आ एगो फिलिम करेंट मारे गोरिया का म्यूजिक देके . ऊ अपना के म्यूजिक डायरेक्टरो का श्रेणी में खड़ा कर दिहले बाड़े. पिछला साल भर का एकांतवास का बारे में बतियावत बिपिन बहार कहले कि फिल्मी जीवन के बनावटी जीवन से अकुता गइल रहन आ अपना के रिफ्रेश करे खातिर एह सब से दूरी बना लिहले रहन. एही बीच आपन एगो कविता संग्रह पूरा कर लिहले, गाँधी जी के आत्मकथा के भोजपुरी अनुवाद पूरा कर लिहले आ अब दू गो धर्मग्रन्थन के अनुवाद में लागल बाड़न.

बिपिन बहार के अपना बारे में कवनो गलतफहमी नइखे. ऊ अपना के ना त गीतकार मानेलन, ना संगीतकार, ना अभिनेता. हँ एगो गलतफहमी जरुर बा कि ऊ अपना के एगो निमन आदमी जरुर मानेलें. भोजपुरी सिनेमा उद्योग के मौजूदा हालात से ऊ संतुष्ट बाड़े. कहले कि रविकिशन, मनोज तिवारी, निरहुआ, आ पवन सिंह के चलते भोजपुरी सिनेमा उड़ान भरत बा त सुदीप पांडे, प्रवेश लाल, विनय आनंद, पंकज केसरी, उत्तम कुमार, दीपक दुबे, आ मनोज पाण्डे जइसन प्रतिभाशाली कलाकारन के लमहर फेहरिस्त पा के इतराइयो रहल बा.
पूरा बातचीत CineBhojpuri.com पर पढ़ीं.

 397 total views,  2 views today

One thought on “बनावटी होला फ़िल्मी जीवन – बिपिन बहार”

Comments are closed.

%d bloggers like this: