भोजपुरिया दर्शकन का दिल में आपन खास जगहा बना चुकल महुआ टीवी अपना दर्शकन का माँग पर अपना बहुते लोकप्रिय आ सराहल रियलिटी शो सुर संग्राम के सीजन टू के शुरुआत कर रहल बा. भोजपुरिया सुरवीरन के एगो राष्ट्रीय मंच प्रदान करे वाला एह शो के आडिशन २३ जून से शुरु होखे जा रहल बा. एह शो के आडिशन देश का १३ गो शहरन में करावल जाई.

ऐतिहासिक नगरी काशी आ आजु का बनारस में २३ जून के आडिशन करावल जाई. जगहा तय कइल गइल बा जीवन दीप पब्लिक स्कूल, बड़ालालपुर, चाँदमारी. ओहि दिने नोएडा के फिल्मसिटी सेक्टर १६ ए में महुआ टीवी परिसर में आडिशन लिहल जाई.

एकरा बाद २५ जून को बलिया के सेंट जेवियर्स स्कूल का धरहरा, हनुमानगंज प्रांगण में आ लुधियाना के बाबा ईश्चर सिहं सेकण्डरी पब्लिक स्कूल का डी ब्लॉक में आडिशन लिहल जाई.

२६ जून के मुंबई के जोगेश्वरी स्थित स्पेनिश विला का जमुना अमृत बिल्डिंग में आडिशन लिहल जजाई.
२७ जून के गोरखपुर का एवरग्रीन पब्लिक स्कूल, विजय चौक में आ राँची में आडिशन लिहहल जाई. (राँची के आडिशन के जगहा के सूचना नइखे आइल).
२९ जून के कोलकाता का मधुर दाहा में बियानक हाऊस में आ गया के स्वराजपुरी स्थित महावीर इंटर कॉलेज में आडिशन होखी.
३० जून का दिने छपरा के बगवान बाजार में भागवत विद्यापीठ में आडिशन लिहल जाई.
१ जुलाई के लखनऊ, ४ जुलाई के भागलपुर, आ ३ जुलाई के पटना में आडिशन आयोजित होखी.

आडिशन में शामिल होखे खातिर प्रतिभागियन के आपन आवास प्रमाणपत्र, उम्र प्रमाण पत्र आ दू गो फोटो का साथ पंजीयन करावे के होखी. १७ साल से कम आ २८ साल के बेसी उमिर के प्रतिभागियन के आडिशन ना लिहल जाई.

पहिला दौर में चुनाइल प्रतिभागियन के फेर एगो अउरी आडिशन देबे के पड़ी जवना का बादे अन्तिम चयन होखी.

आडिशन लेबे खातिर बनल निर्णायक टीम में संगीतकार सतीश अजय के जोड़ी, महुआ के वरिष्ठ कार्याकारी निर्मात्री उर्मिला राल, वरिष्ठ अधिकारी पंकज तिवारी, साईं बाबा टेलीफिल्म्स के सुजीत सिंह आ नागेन्द्र सिहं के राखल गइल बा. अलगा अलगा जगहा एही में से अलगा अलगा टीम जाई.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

2 thoughts on “सुर संग्राम के सीजन टू के आडिशन २३ जून से”

Comments are closed.

%d bloggers like this: