31 दिसंबर के रात 9.00 बजे
अंजन के अंगना में बाजी भोजपुरिया तान …..
गूंजी तरह तरह के सुरीला गीत. थिरकिहें फ़िल्मी तारिका. मतलब राउर फ़ेवरेट फिल्म स्टार, आ राउर फ़ेवरेट सिंगर्स मिल के करिहें धमाल.
एह मंच पर भोजपुरिया महानायक मनोज तिवारी अपना हिट गीतन के साथ अपकमिंग अल्बम के गीत गाके कुछ राजो बँटीहे. सुदीप पाण्डेय, संगीता तिवारी, छैला बिहारी अउर अंजन के चटोरी दुलहिन के संयुक्त एंकरिंग में देखे के मिली भोजपुरी सिनेमा के सनसनी स्मृति सिन्हा, एक दूजे के लिए के ख़ूबसूरत हिरोइन मधु शर्मा आ भोजपुरिया हेलेन ..यानि कि भोजपुरी के बम-पटाखा सीमा सिंह के धमाकेदार डांस.
कार्यक्रम में लोकगायिकी के रंगो खूब चढ़ल बा. गोपाल राय, मोहन राठौर आ छैला बिहारी लोक राग आ लोक रंग के जवन खुशबू बिखेरले बा लोग, ओह से गाँव-घर, खेत-खलिहान सब मन परे लागऽता. एंकरिंग में सुदीप आ संगीता अउर छैला बिहारी आ चटोरी दुलहिन के नोंक-झोक से गुदगुदी होता. बाकी रहल-सहल कसर अंजन के लल्लन भईया हंसा-हंसा के पेट फूला के पूरा कर दीहें.
एह से रउरा सब से निहोरा बा कि अंजन के एह विशेष पेशकश भोजपुरिया जलवा 2013 के जरूर देखीं.
हम रउरा के बतावत चलीं की अंजन टीवी भोजपुरी भाषा के मनोरंजन टीवी चैनल ह. ई एएपी मीडिया प्राइवेट लि. के उपक्रम ह. अंजन टीवी पर योग, संगीत, फिल्म, धारावाहिक, ट्रेवल, भक्ति, रियलिटी शो, कोमेडी शो, लाइफ स्टाइल आ खाना-खजाना से जुड़ल कार्यक्रम पेश कइल जाला. अंजन चैनल के टैग लाइन “जियो हर पल“ के बारे में चैनल हेड मंजीत हंस के कहनाम बा कि जीवन अनमोल बा आ एकरा एक-एक पल के संजीदगी से जियला के जरूरत बा. जीवन के पूरा दर्शन बा एह में. आज तक कवनो मनोरंजन चैनल आध्यात्म से जुडल अइसन सन्देश नइखे दिहले.
बहुत कमे समय में अंजन टीवी के धमाकेदार अवतरण भइल बा. भोजपुरी पट्टी में चारो तरफ अंजन-अंजन के शोर बा. एतना कम समय में, जब अबहीं अंजन अपना शुरुआतिए दौर में बा, एतना लोकप्रियता बहुत कमे चैनलन के नसीब होला. निश्चित रूप से एह सफलता खातिर एह चैनल के मास्टर माइंड आ अंजन टीवी के चैनल हेड मिस्टर मंजीत हंस के जेतना तारीफ़ कइल जाय कम बा.
(अंजन टीवी)
सादर आभार ए जानकारी खातिर..वइसे पता ना…हमरी इहाँ केबल पर अंजन आइ की ना..वइसे केबल आपरेटर से तनि बात क लेहले में कवनो हरज नइखे। धन्यवाद अंजन..धन्यवाद अँजोरिया।।
jaha padi manoj tiwari ke kadam uha thirki har bhojpurian ke kadam.
bhojpuri mahanayak manoj tiwari aa aanjan tv. ke jai ho.