अनुसुईया के बिआह १४ अक्टूबर के हो रहल बा

by | Oct 13, 2010 | 0 comments

महुआ टी॰वी॰ के लोकप्रिय धारावाहिक भाग ना बाँचे कोई में बहुते इन्तजार का बाद शहनाई बाजे के घड़ी आ गइल बा. धारावाहिक के नायिका अनुसुईया के शादी तय हो गइल बा आ १४ अक्टूबर का दिने पारम्परिक विधिविधान से मंगल गान का बीचे ओकर बिआह हो जाई. महुआ परिवार एह शादी के यादगार मौका बनावे में कवनो कोर कसर छोड़ल नइखे चाहत. अनुसुईया के घर बहुते ढंग से सजावल गइल बा आ महँग सेट लगावल गइल बा. एह शादी के न्योता भोजपुरी सिनेमा के सितारा कई दिन से दे रहल बाड़े. सभे से निहोरा बा कि एह शादी में जरुर शामिल होखीं सभे. मौका पर आशीर्वाद देबे खातिर रविकिशन, मनोज तिवारी मृदुल, कल्पना, आ मालिनी अवस्थी सभे मौजूद रही.

सोमार से बियफे रोज साँझ साढ़े सात बजे से देखावल जा रहल एह धारावाहिक में अनुसुईया के शादी बहुते धूम धाम से मनावल जाई. १२ के तिलक आ १३ के मटकोर वगैरह रस्म मनावल जा चुकल बा. अब १४ अक्टूबर के होखे वाली शादी के एह शो के टर्निंग प्वांयट बतावल जा रहल बा. शादी हरिहर बाबू के बेटा बाँके लाल से हो रहल बा. शादी से अनुसुईया के जिनिगी एगो मोड़ ले रहल बिया जवना से पूरा परिवार बसियो सकेला आ उजड़ियो सकेला. आखिर भाग ना बाँचे कोई ! त चलीं बिआह में शामिल होखे के तइयारी कर लिहल जाव.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up