उहे भइल जवन साईं बाबा टेलीफिल्म चहलें

by | Dec 6, 2010 | 1 comment


पिछला शनिचर का दिने जब महुआ टीवी के रियलिटी शो “सुर संग्राम” के दूसरका सीजन से यूपी के प्रतिभागी मनोहर के बिदाई भइल त पता ना स्क्रिप्ट का मुताबिक आ कि अनायासे कल्पना के मुँह से निकल गइल कि उहे भइल जवन साईं बाबा टेलीफिल्म चहलें. “सुर संग्राम सीजन टू” में अब बिहार के ममता राउत के यूपी के रघुबीर से टक्कर होखी आ एह टक्कर में मैसेजे पर सब कुछ बा. मैसेज केकरा खातिर कतना आई एही पर निर्भर करी कि केकरा के ताज मिलत बा आ केकरा के संतोष.

ई बात के संदर्भ बिग बॉसो से जुड़ल बा जहाँ से पिछला हफ्ता भोजपुरी सिनेमा के मेगास्टार मनोज तिवारी आ बालीवुड के एगो साधारण कलाकार अस्मित पटेल के मुकाबिला भइल आ मनोज तिवारी के बाहर के राह देखा दिहल गइल. अन्तर अतने भइल कि ओहिजा केहू ई कहे वाला ना रहल कि उहे भइल जवन सलमान खान चहलें भा जवन बिग बॉस के प्रस्तोता चहलें. हालाँकि पता ना काहे लोग के भ्रम हो जाला कि रियलिटी शो में सबकुछ रियले रहेला !

कहल जा रहल बा कि मनोज तिवारी से कुछ लोग पहिले से खार खइले रहे जवना चलते उनका के बहरिया दिहल गइल. संदर्भ “मुन्नी बदनाम हुई” से जोड़ल जा रहल बा जवना के जानकार “लौण्डा बदनाम हुआ नसीमन तेरे खातिर” के नकल बतावत बाड़ें. “लौंडा बदनाम हुआ” गाये वाली सायराबानो फैजाबादी आजु मुफलिसी के जिनिगी जी रहल बाड़ी आ मनोज के “गलती” रहे कि ऊ “दबंग” फिल्म के निर्देशक अरबाज खान से सायराबानो फैजाबादी के कुछ मुआविजा देबे के बाति कह दिहलें. आ ओकरे बदला बिग बॉस से मनोज तिवारी के बाहर कर के लिहल गइल बा.

बिग बॉस से निकलत घरी सलमान खान कहलें कि, “अब ये देखिये मनोज तिवारी के चेहरे से उतर रहा है नकाब.” मनोज तिवारी के ई बाति तीर लेखा छाति में धँस गइल बा. कहतारें कि पता ना कवना गुनाह के नकाब उतारल गइल. सबसे खराब ई लागत बा कि अस्मित पटेल जइसन आदमी का मुकाबिले मनोज तिवारी के हारे के पड़ल. मनोज तिवारी के प्रशंसको एह बाति के पचा नइखन पावत आ कुछ लोग बिग बास के पुतलो जरावत बा.

ई बाति हम एक बेर पहिलहू कह चुकल बानी कि होइहें वही जो निर्माता निर्देशक रचि राखा.बाकि सब लोग त कठपुतली हऽ. एहमें सही गलत खोजले बेकार बा.


(स्रोत – शशिकांत सिंह)

Loading

1 Comment

  1. दिवाकर मणि

    सुर-संग्राम संबंधी अपने के विचार से हम सहमत बानीं, लेकिन बिग-बॉस के बारे में कुछ भी कहल गंदगी में ढेला फेंकला जईसन बा.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up