तृप्ति शाक्या का साथे सजे जा रहल बा भउजियन के महफिल

by | Jul 29, 2010 | 1 comment

कभी राम बन के कभी श्याम बन के से रातोरात हर घर में आपन जगहा बना लेबे वाली तृप्ति शाक्या से अबकी के भौजी नम्बर वन के महफिल सजे जा रहल बा जवना में तृप्ति अपना मीठ आवाज से शो में मिश्री घोल दीहें. शुरुआत ओही गीत से होखी आ ओकरा बाद चार शहर से आइल चार गो भौजाई आपन आपन हुनर देखइहें.


मिर्जापुर के पूनम दूबे रंगीली बन के, पटना के भावना भारती छबीली बन के, रेनुकूट के सुनीता रसीली बन के, आ गोरखपुर के संध्या झूमरी भौजी का रुप में दर्शकन के मनोरंजन करीहे. रंगीली भौजी के गजल गायकी सभकर दिल छू ली, त छबीली भौजी अपना गायकी से सभका में करेंट पैदा करा दीहें. रसीली भौजी के ननद आ शो के एंकर प्रियेश सिन्हा के नोंक झोंक देखे लायक रही. उनका मस्ती भरल डांस पर त जजो लोग नाचे लगीहें. पूरा हफ्ता एह लोग के गायन नृत्य आ अंदाज से सेट पर मस्ती के माहौल बनल रही.

रउरा कहाँ रहब सोमार से बियफे का रात साढ़े आठ बजे जब महुआ टीवी पर एह शो के प्रसारण होखे वाला बा?


(स्रोत : प्रशान्त-निशान्त)

Loading

1 Comment

  1. omprakash amritanshu

    ख़ुशी के बात बा कि तृप्ति शाक्या जी भौजी नम्बर वन के महफिल सजावे
    खातिर महुआ टीवी पर आवतारी.बड़ी दिन के बाद तृप्तिजी के देखेके के
    मिली .लेकिन दिल्ली के सभ लोग न देख पाई. दिल्ली में महुआ टीवी
    के प्रसारण बहुत कम जगह बा. दिल्ली के 80% लोग महुआ टीवी से
    वंचित बा .
    गीतकार :
    ओ.पी .अमृतांशु

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up