दुल्हिन उहे जे ननद मन भावे महुआ टीवी पर

by | Sep 19, 2011 | 0 comments

भोजपुरिया मनोरंजक चैनल महुआ टी. वी. पर 19 सितम्बर से हर सोमार से शुक ले सँझिया सात बजे से एगो नया धारावाहिक शुरू हो रहल बा ‘‘दुल्हिन उहे जे ननद मन भावे’’. एकर निर्माण ‘‘भाग्यविधाता’’, ‘‘हमारी देवरानी’’ जइसन धारावाहिकन के लेखक रहल आ ‘‘बाबा ऐसा वर ढूँढो’’ के निर्माता रहल राकेश पासवान अपना बैनर ‘‘विलेज व्बॉयज प्रोडक्शन’’ तले कइले बाड़न.

‘‘दुल्हिन उहे जे ननद मन भावे’’ एगो पारिवारिक धारिवाहिक ह जवन दर्शकन के कुछ नया मनोरंजन दीही. एकर कहानी पाँच गो ननदन का साथे भउजाई के आनंद भरल आ अजूबा सफर के बा. कहानी बा अजीत के, जे अपना बाप महतारी का गुजरला का बाद अपना पाँचों बहिनन के पाल पोस के बड़ा कइले बा. पाँचों बहिन ओकर लाडली बाड़ी सँ. अजीत की शादी तय होत बा त लड़की वाला एगो खूबसूरत लड़की देखाके अपना बदसूरत बेटी से अजीत के शादी करवा देत बाड़े. अब पाँचों बहिन आ अजीत में से केहू एह नयकी कनिया से खुश नइखे आ सभ मिलके ओकरा के बहुते परेशान करत बाड़े जेहसे कि ऊ अपने चलि जाव. बाकिर विभा हार नइखे मानत आ अपना प्यार आ समर्पण से अजीत आ अपना पाँचो ननदन के दिल जीत लेत बिया.
धारावाहिक के कलाकारन में अजीत का भूमिका में आकाश सहाय, आ पांचों बहिनन का भूमिका में अरूनिमा जोशी, सुनीता पाण्डेय, दिशा ओझा, सोमी किरण आ सुमन गुप्ता बाड़ी. कनिया के किरदार चारू सक्सेना निभवले बाड़ी.

स्रोत प्रशांत निशांत

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up