महुआ टीवी पर बालाजी टेलीफिल्मस के ‘‘सेनूर माँग टिकुली’’

by | Jul 20, 2011 | 1 comment

भोजपुरियन के चहेता मनोरंजक चैनल महुआ टी. वी. पर पिछला 18 जुलाई से एगो नया धारावाहिक ‘‘सेनुर मांग टिकुली’’ शुरू भइल बा जवना के निर्माण मशहूर कंपनी बालाजी टेलीफिल्मस् कइले बा. सोमार से शुक ले रोज रात आठ बजे से देखावल जा रहल एह सीरियल में दू गो लड़ीकियन के कहानी बा जवनन के विचार दू तरह के बा. इंदिरा आ शालिनी नाम के एह सहेलियन का नजरिया से बिहार के सभ्यता आ संस्कृति देखावल गइल बा. पटना में जनमल इंदिरा आधुनिक विचारन वाली लड़िकी हई जे विदेश जाइल चाहत बाड़ी. दोसरा तरफ शालिनी बाड़ी से अमेरिका में जनमली, पलइली आ पोसइली. बावजूद एकरा ऊ अपना सभ्यता आ संस्कृति का खोज में भारत आवत बाड़ी. संजोग से एह दुनु के मुलाकात ईश्वर नामके नौजवान से होत बा आ दुनु ओकरे से प्रेम करे लागत बाड़ी. फेर का हो ता, ईश्वर केकरा से प्यार करऽता, इंदिरा आ शालिनी के किस्मत उनुका लोगन के कहाँ ले जात बिया इहे सबकुछ एह धारावाहिक ‘सेनुर मांग टिकुली’ में देखावल जाई.
निर्देशक हउवें वरूण सिंह. इंदिरा का भूमिका में अंकिता दूबे, शालिनी का भूमिका में नैना, आ ईश्वर का भूमिका में प्रिय रंजन बाड़े.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)

Loading

1 Comment

  1. Salman Guddu

    congratulation 🙂

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up