घिसल पिटल रियलिटी शो, नाटक नौटंकी, सास बहू के सीरियल से अकुताइल लोग खातिर महुआ टीवी ले के आ रहल बा एगो नया तरह के धारावाहिक “बिहार एक खोज”. हर शनिचर के साँझ सात बजे से आ अतवार के दिन में साढ़े बारह बजे से देखावल जा रहल एह कार्यक्रम में बिहार के एतिहासिक धरोहरन के जानकारी दिहल जा रहल बा. टीवी जानकारन के कहना बा कि एह शो के टीआरपी बढ़िया चलत बा आ दर्शक एकरा के भरपूर प्यार दे रहल बाड़े.
“बिहार एक खोज” बजाज डिस्कवर का तरफ से प्रायोजित बा आ एकर सूत्रधार बनल बाड़े सुदीप पाण्डेय. शो के क्रिएटिव हेड हउवें सनातन नेहरू, निर्माता कुमार संभव, आ निर्देशन करत बाड़े विजय पाण्डेय आ शरद पाण्डेय.
(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)
0 Comments