महुआ टीवी से जुड़ल खबर

by | Aug 4, 2010 | 0 comments

छह अगस्त से सुर संग्राम के दुसरका सीजन शुरु

एह छह अगस्त से हर हफ्ता शुक आ शनिचर का दिने रात आठ बजे से भोजपुरी गीत संगीत के प्रेमियन खातिर लाजवाब रियलिटी शो सुर संग्राम के दुसरका सीजन शुरु हो रहल बा. पहिलका दू दिन का शो में कार्यक्रम खातिर देश का तेरह गो शहरन में करावल गइल आडिशन के दृश्य देखावल जाई. ओकरा बाद के दू गो शो में मुंबई में भइल मेगा आडिशन के प्रसारन कइल जाई जवना में बिहार आ यूपी के बारह बारह गो प्रतिभागियन के चयन कइल गइल.

नयका सीजन में तीन गो स्थायी जज आ हर हफ्ता एगो अतिथि जज रहीहें जे प्रतिभागियन के प्रस्तुति के आकलन करीहे.

ज्यादा जानकारी भोजपुरीअँजोरिया डॉटकाम पर अंग्रेजी में


भौजी न॰ १ में एह हफ्ता बही भक्ति के रसधार
महुआ टीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो भौजी न॰ १ में अबकी हफ्ता भक्ति आ प्रेम के रसधार बहे जा रहल बा. सोमार से बियफे रात आठ बजे से प्रसारित होखे वाला एह शो में भरत शर्मा व्यास खास मेहमान बनके आइल बाड़न आ हफ्ता के शुरुआत उनका गीत गोरिया चाँद के अँजोरिया नियन गोर बाड़ू हो से शुरु होखी. ओकरा बाद शुरु होखी चार गो भउजाईयन, पटना के अमृता तिवारी, राँची के रश्मि आ इंदू, आ गाजियाबाद के तृप्ति सोनकर, के प्रस्तुति होखी जे अपना कलाकारी से सभकर दिल जीते के कोशिश करीहें.

ज्यादा जानकारी भोजपुरीअँजोरिया डॉटकाम पर अंग्रेजी में


बड़का साहब में स्पेशल इन्ट्री मारे जा रहल बाड़ी मोनालिसा
हर शुक आ शनिचर के साँझ सात बजे से महुआ टीवी पर प्रसारित होखे वाला रियलिटी शो बड़का साहब में एह शुक भोजपुरी सिनेमा के हॉट गर्ल मोनालिसा स्पेशल इंट्री मारे जा रहल बाड़ी. शो में त ऊ प्रतिभागियन के मनोरंजन करीहें बाकिर ओकर आनन्द अपना अपना बईठका में बइठल टीवी देख रहल दर्शको उठइहे. बड़का साहब का टाईटल भूमिका में मशहूर अभिनेता गजेन्द्र चौहान बाड़े.

ज्यादा जानकारी सिनेभोजपुरी डॉटकाम पर अंगरेजी में


८ अगस्त से रविकिशन फिल्मोत्सव
महुआ टीवी पर आजुकाल्हु अलग अलग सुपर स्टारन पर हर हफ्ता फिल्मोत्सव मनावल जा रहल बा जवना में पिछला हफ्ता मनोज तिवारी के फिल्म देखावल गइल रहे. अब ८ से १४ अगस्त तक रोज रविकिशन के फिल्म दुपहरिया में डेढ़ बजे से आ रात में दस बजे से देखावल जाई. एकरा अलावे अतवार ८ अगस्त के साँझ के देखावे जाये वाला फिल्म मिला के रविकिशन के कुल पन्द्रह गो फिल्म देखावल जाई.

ज्यादा जानकारी सिनेभोजपुरी डॉटकाम पर अंगरेजी में

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up