सुर संग्राम २ का मंच पर सोनाक्षी आ मलईका के ठुमका

by | Sep 10, 2010 | 1 comment

महुआ टीवी के लोकप्रिय रियलिटी शो सुर-संग्राम-२ का मंच पर काल्हु शनिचर का दिने बालीवुड अदाकारा सोनाक्षी सिन्हा आ हॉट गर्ल मलईका अरोड़ा के भोजपुरिया लटका झटका आ ठुमका देखे के मिली. आ ओह लोग के साथ दिहन अरबाज खान. कहे के मतलब ई कि अबकी शनिचर का दिने सुर-संग्राम-२ के प्रतिभागी हिन्दी फिल्म दबंग का स्टारन का सोझा आपन गायिकी के नजारा पेश करीहें.

शुरुआत मनोज तिवारी अपना जानल बूझल अन्दाज में करीहन आ दबंग के स्टारन के मंच पर आमन्त्रित करिहन. मंच पर सोनाक्षी सिन्हा, मलईका अरोड़ा, आ अभिनेता निर्माता अरबाज खान के आगमन होखी आ उहो लोग परिचय का बाद शो के जज मालिनी अवस्थी, रविकिशन, आ कल्पना का साथे जा के बइठी.

अपना प्रस्तुति से यूपी के शुभा मिश्रा, विशाल कुमार, आ मनोहर अउर बिहार के जीतेन्द्र, ममता तिवारी आ खुशबू अपना धमाकेदार गायकी से जज लोग के दिल जीत लिहल लोग.


जीतेन्द्र के गावल गीत का बाद अरबाज खान कहले कि रउरा गाना में दबंगई देखे के मिलल त ऊ चट से जोड़ दिहन कि दबंगई त हमरा खूनो में देखे के मिली काहे कि दबंगई त हमरा खून में शामिल बा. विशाल के गावल गीत “सानिया मिर्जा के नथुनिया जान मारेला” पर मलईका पूछली कि ई गाना केकरा पर रहल हा विशाल कह दिहले कि सोनाक्षी खातिर. ममता के गावल गीत “मुखिया जी मन होखे त बोली पर जज लोग सराहल आ कहल कि एक ना एक दिन रउरा प्लेबैक सिंगर जरुर बनब.

सबकर प्रस्तुति सुनला का बाद सोनाक्षी कहली कि भोजपुरी बोल त ना पाईं बाकिर एहिजा खूब इनज्वाय कइनी. बड़ा मजा आइल सुर संग्राम के एह मंच पर आ के. कार्यक्रम के अंत कल्पना का आवाज में गावल गीत “मुन्नी बदनाम हुई डार्लिंग तेरे लिये” पर दबंग के टीम सोनाक्षी, मलईका अरोड़ा आ अरबाज खान के जम के लगावल ठुमका का साथे होई.


(स्रोत : प्रशान्त निशान्त)

Loading

1 Comment

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up