ऊसिनाइल परानवा

by | Jun 15, 2014 | 3 comments

– ओमप्रकाश अमृतांशु

omprakash_amritanshu
अखड़ेड़े लिहबू का जनवा हो ?
ऊसिनाइल परानवा.

लूकवा लूकारी लेई धावे अंगार के,
झउंसाइल मुहंवा कुदरती सिंगार के,
पपड़िया गइल तालवा-पोखरवा हो,
ऊसिनाइल परानवा.

हिरणा पियासा ऐने-ओने धावे,
कोइली-पपिहा के जीव छछनावे,
खदकत पसेनवा में तनवा हो,
ऊसिनाइल परानवा.

घामवा के आंचवा में जरि गइलें चाम हो,
बग-फुलवरिया के मिटऽता निशान हो,
तड़पे गोदी के नन्हकवा हो,
ऊसिनाइल परानवा.

आवऽ बदरवा के बरखा हो रानी,
झम-झम अंगनवा में बरिसावऽ पानी,
खिल जाई उजड़त चमनवा हो,
ऊसिनाइल परानवा.

अखड़ेड़े लिहबू का जानवा हो ?
ऊसिनाइल परानवा.

Loading

3 Comments

  1. केशव मोहन पाण्डेय

    जून के तपन के सार्थक आ वास्तविक चित्र के प्रस्तुति खातिर कोटिशः बधाई। भाई अमृतांशु जी, राउर कवनो जोड़ नइखे। ई दृष्टि स्पष्ट करता कि जब एगो चित्रकार आ कलमकार मिली त अइसने चमत्कार सामने आई। हार्दिक बधाई।

  2. raj kumar anuragi

    राउर गीत बहुत सुन्दर लागल , सहिये में जान अब उसिना रहल बा ….त्राहिमाम त्राहिमाम हो रहल बा . अच्छा रचना खातीर बधाई .
    .
    राज कुमार अनुरागी
    संपादक -हेलो भोजपुरी
    (राष्ट्रीय मासिक पत्रिका)
    7838398788

  3. kiran

    सही में प्राण ऊबल गइल बा. एकदम सटिक गीत…..
    धन्यवाद

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up