चार गो भतार ले के लड़े 'सतभतरी'

by | Jan 17, 2012 | 2 comments

– अशोक मिश्र

काल्हु भिनुसहरे मुसद्दीलाल गली में खुलल पंसारी के दुकान का सोझा भेंटा गइलन. जाड़ो में ऊ पसीना-पसीना होखत रहले, उनुकर हालत देखि के हमरा ताज्जुब भइल. हम पूछनी, ‘अमां मियां! कवनो मैराथन दौड़ में शामिल हो के आवत बाड़ऽ का ? एह उमिर में एतना भागदौड़ नीमन ना होखे.’

हमार बाति सुनि के अपना सांस के काबू में ले आवत मुसद्दीलाल कहले, ‘चाय पत्ती खतम हो गइल रहुवे उहे लेबे आइल रहनी. आवऽ, घरे चलि के चाय पियल जाव.’ हमार हाथ पकड़ले ऊ घरे के राह लिहलन. घरे चहुपंला का बाद बातचीत कब लोकगायक बालेश्वर के गीतन पर आ गइल, पते ना चलल. मुसद्दीलाल अचानके पूछ लिहलन, ‘यार! बालेश्वर के एगो गीत के लाइन ह ‘चार गो भतार ले के लड़े सतभतरी.’ एकर मतलब का हऽ ? हम कई दिन से दिमाग खपावत बानी, बाकिर मतलब जे बा कि से धराते नइखे.’

मुसद्दीलाल के एह सवाल पर हम थथम गइनी. बात ईरान के होखत होखे आ केहु होनोलूलू का बारे में पूछ बइठे, त सामने वाला केहु के बोलती बंद हो जाई. थोड़ देर बाद हम समुझावे के कोशिश कइनी, ‘अगर एकर सीधा सादा राजनीतिक मतलब निकालल जाव त ई निकालल जाव, त ई बा कि सात पतियन (यूपीए, एनडीए, वाम मोर्चा, तीसरा मोर्चा…जइसन गठबन्हन) वाली सत्ता सुंदरी अपना सात गो मरद के ले के चुनाव मैदान में उतरल बिया. अब रउआ त ई मालूमे होई कि हमरा देश के सत्ता सुंदरी पिछला दसियन साल से एकभतरी (एक पार्टी के सरकार वाली) नइखे रहि गइल. हर चुनाव का बाद कुछ पार्टी गठबन्हन बना के सत्ता सुंदरी के भतार, स्वामी, बन जात बाड़े, बाकी दल ओकरा प्रेमी के तरह सत्तारूढ़ गठबन्हन के दलन पर अनेके आरोप लगाके संतोष कर लेले.’

मुसद्दीलाल अचकचात कहले, ‘का ? एकर मतलब इहे हवे ? हम त एकरा के गारी समुझत रहली.’

‘देखऽ मियां ! अगर तू ‘भतार’ शब्द से बिदकत बाड़ऽ, त जान ल कि ई शब्द संस्कृत के ‘भर्तार’ माने कि भरण-पोषण करे वाला (पति, स्वामी) से आइल बा. ई शब्द अपने में खराब ना हऽ, लेकिन एकर इस्तेमाल अगर गरियावे में कइल जाव, त जरूरे खराब बा. एहमें शब्द के का दोष ? अब अगर कवनो औरत से ई कहल जाव कि ओकर एगो पति बा, त ई औरत खातिर बढ़िया बाति होई. बाकिर ओकरा के सतभतरी कहल जाव (सात मरद वाली), त उ तय रूप से गारी होई. आजु देश के जवन हालात बा, ओहमें राजनीति खुदे गारी बनि गइल बा. जवना देश में लोकतंत्र के आड़ में गुंण्डा, बदमाश, भ्रष्टाचारी, बलात्कारी आ देश से गद्दारी करे वाला चुनाव जीत के सत्तासुख भोगत होखे, ओहिजा के जनता खातिर ई विडंबना कवनो गारी से कम बा का ? अब देखीं ना ! पांच राज्यन में चुनाव होखे वाला बा, सभे सत्ता सुंदरी के स्वयंवर में जीते के उमेद में मरल जात बा. ऊ लोग हत्यार, बलात्कारी अउर भ्रष्टाचारियन के अपना साथे करे आ ओकरा के अपना पार्टी के टिकट दे के जितवावे में लागल बाड़े. एगो भ्रष्ट आ लुटेरी पार्टी के बदनाम मंत्री निकालल गइला का बाद दोसरा पार्टी में जाते दूध के धोआइल बन जात बा. एह दौर में कवनो सभ्य अउर ईमानदार मनई के नेता कह दी, ओ ओही तरह खिसिया जाई जइसे केहु के गरियवला पर.’

हमरा एह बाति से मुसद्दीलाल संतुष्ट हो गइलन आ हम चाय पी के अपना घरे चलि अइनी.


संपर्क सूत्र –
अशोक मिश्र,
द्वारा, श्रीमती शशि श्रीवास्तव,

५०७, ब्लक सी, सेक्टर ६
आगरा विकास प्राधिकरण कालोनी,
सिकन्दरा, आगरा

Ph. 09235612878
कतरब्योंत

Loading

2 Comments

  1. amritanshuom

    बहुते बढ़िया लागल अशोक मिश्र जी .

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up