बाग के बाग चउरिए बा

by | Apr 28, 2024 | 0 comments

– बिनोद सिंह गहरवार

केकर – केकर धरी नाम कमरी ओढ़ले सँउसे गाँव. भारत के असहीं ना अजीब देश कहल जाला. हालांकि हमार मानम त हम त कहब कि भारत अजीब तरह के गरीब देश ह. गरीब के मतलब इंहवा धन-दउलत से नइखे. साँच पूछीं त भारत चरित के मामला में साँचो सबसे गरीब देश ह. देखीं ना आजादी लड़ाई में कतना जाना सूली प चढ़ गइलन. आ राज भोगलन जाकिट में गुलाब खोंस के कबूतर उड़ावे वाला चाचा. जेपी बुढ़उती में इमरजेंसी के अंगोरा के धाह सहलन आ गरुअन के हरियरी खा-खा के लोग हरियर हो गइल. अन्ना हजारे बेचारे उपवास के फेर में मरे से बँचले आ चेला शराब के समुंदर में डुबकी लगा के कट्टर ईमानदार बन गइल.

देंखी सभे आजादी के लड़ाई में जान गँवावे वाला सुभाष बोस, चन्द्रशेखर आजाद, लाला लाजपत राय, सम्पूर्ण क्रान्ति के नायक जयप्रकाश नारायण आ अनशनधारी अन्ना हजारे ई लोग ओह जनम में एह लोग के जरूर करजा खइले होइहें. ना त इ कबो होला, माल महराज के आ मिरजा खेलस होरी. ई कुल्ह देख के हमरा त लागेला कि एह देश में आंदोलन प रोक लगा देवे के चाहीं. जनता मर-मर के आंदोलन करेला कि ओकर दुख दूर होई. उनकर दुख आउर बढ़ जाला. उनका मड़ईयो मुअसर ना होला. आ लोग के शीशमहल में डेरा गिर जाला.

अब देखीं ना देश में लोकतंत्र के सबसे पबितर जग हो रहल बा. एह में सभे हुमाद क के चुनाव के बैतरनी पार कइल चाहता. केहु- केहु त एह में समहरिये सरिक हो रहल बा. अब भाई जेकरा जवन बुझाए कहो. परिवारवाद कह के केहु का करी ? बड़ा खुश होई त अपना घरे रही. समहरिए चुनाव लड़े वाला केहु के रोकत त नइखे. एहिजा के दूध के धोवल बा ? राम केकरा ना भावस ? परिवारवाद के अछरंग उहे लगावता जेकर परिवारे नइखे. पार्लियामेंट त लोकतंत्र के मठिया ह. एह में लघानी नइखे लगावल कि फलना जइहें आ फलना ना जइहें. एह में सभे जा सकेला. कतना बढ़िया लागी जब माई, बेटा-बेटी, पति-पत्नी , भाई-भउजाई, बिदेश के नोकरी आ डाक्टरी छोड़ के दीदी-बेबी सभे एक साथे चार जून के लोकतंत्र के मठिया के शोभा बढ़इहें. कुल्ह मिला जुलाके देखीं त परिवारवाद कहाँ नइखे. बाग के बाग चउरिए बा. लोग के चिचियाये दीं. कउआ टरटराता आ धान सूखऽता.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up