ई सूअर के पिल्ला खिसियाइल काहें

by | Oct 15, 2023

भउजी हो ! ई सूअर के पिल्ला खिसियाइल काहें ?

ना बबुआ, भाषा के संयम राखल जरुरी होला. दोसरे सूअर के बच्चा के पिल्ला ना कहल जाला.

हमरा इयाद नइखे आवत कि सूअर के बच्चा के का कहल जाला. एहिसे हम पिल्ला कहि के काम चलावे के कोशिश कइनी ह. दोसरे पिल्ला कहतीं त ओकरा बाप के कूकूर कहे के मतलब निकल जाइत. सूअर के पिल्ला ना होला एहसे ओकरा बाप के एह पर नाराजगी ना होखे के चाहीं.

ई त हमरो अबहीं ईयाद नइखे आवत कि सूअर के बच्चा के का कहल जाला. हो सकेला कि एकरा के पढ़ेवालन के मालूम होखे. शायद ऊ लोग बता देव. बाकिर बाति का हो गइल ? के का कहि दीहल ?

एगो सूअर के पिल्ला, हम पिल्ले कहब काहें कि ओकरा बाप के हम सूअर नइखीं कहल चाहत, के नाराजगी बा कि क्रिकेट का मैदान में लोग जय श्रीराम के नारा काहें लगावत रहुवे.

रउरा त ओहू दिने खिसियाइल रहीं जब ई सनातन धर्म के उन्मूलन करे के बाति कहले रहुवे. ओहू दिने त ओकरा बाप के कवनो आपत्ति सोझा ना आइल कि ऊ अपना पिल्ला के कहलेसमुझवले होखो कि एह तरह के बाति ना करे के चाहीं. एहसे अगर ओकरा बापो के लागे कि ओकरा के सूअर कहल जात बा त लागे दीं. जब ओकरा दिक्कत नइखे त हमनी के कवन दिक्कत !

हँ भउजी, जब पाकिस्तान के टीम खेल के मैदान में अपना मजहब के घुसवलसि आ मैच से पहिले सगरी टीम बीच मैदान में नमाज पढ़लसि तब त ओकरा पर ई आपत्ति ना कइलसि. बाकिर अगर भारत के समर्थक अपना भगवान के नारा लगवलें त एकरा दिक्कत हो गइल.

बबुआ, दिक्कत त बहुते लोग के भइल होखी. ई कहि दिहलसि बाकी लोग के हिम्मत ना भइल. आ एहिपर रउरा एहू के रेघरिया सकीलें कि आजु का दिने सेकूलर होखे के दावा करे वाला कवनो गोल भा गिरोह में कवनो बड़हन मुसलमान नेता नइखे लउकत. चाहे ऊ देश के संसाधनन पर मुसलमानन के पहिला हक बतावे वाला गिरोह होखो, भा माई के बात करेवाला लालूमुलायम के खानदानी गोल, भा दलितमुस्लिम गठजोड़ के बाति करेवाली बसपा. पता ना एहनी के पीछेपीछे घूमत मुसलमानन के काहें नइखे लउकत ई बाति !

लउकत बा बाकिर बोल नईखन पावत. आ जे खुलेआम बोले के हिम्मत करत बा ओह ओवैसी के ई लोग भाजपा के बीटीम साबित करे में लागल बाड़ें. आखिर देश के दुसरका बहुसंख्यक समाज एह तरह नेतृत्वविहिन हो के रही त कइसे काम चली.

ठीक कहत बानी बबुआ, बाकिर देश बूझे तब नू ?

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up