डॉलर के चढ़ल नीमन होला कि खराब

by | Oct 14, 2023

भउजी हो !

का बबुआ ?

डॉलर के चढ़ल नीमन होला कि खराब ?

शेयर के दाम गिरल नीमन होला कि खराब ?

ई का भउजी, सवाल का जबाब में सवाले ठोकत बाड़ू ?

सवाल नइखीं ठोकत. सवाचत बानी कि रउरा जानल का चाहत बानी.

हम त इहे पूछनी हऽ कि डॉलर के चढ़ल नीमन होला कि खराब ?

कवना नजरिया से ? केकरा नजरिया से ? कवना संदर्भ में ?

भारत के आर्थिक हित का नजरिया से.

राउर खेला हमहूं बुझिले. हमरा से बतियाइले आ जा के अपना अँजोरिया पर अँजोर कर आइले. आखिर भोजपुरी में आर्थिक चर्चा कइला से का फायदा ? भोजपुरी में त गीत-गवनई, खेत-खरिहान, कविता-कहानी से ऊपर कुछ होला ना.

एहिसे त भोजपुरी में ऊ कइल चाहत बानी जवन अबहीं ले ना होत रहल.

डॉलर के चढ़ल नीमन होला कि खराब ई एह पर निर्भर करत बा कि रउरा आयातक हईं कि निर्यातक. बाहर से कुछ खरीदे के बा कि बाहर कुछ बेचे के बा. कुछ लोग खातिर डॉलर के चढ़ल नीमन होला ल कुछ लोग ला खराब. टीक वइसहीं जइसे बरखा कोंहार के धंधा ला खराब हो सकेला, कुछ देर ला, बाकिर कोइरी का धंधा ला नीमन हो सकेला, कुछ देर ला. कहले जाला कि ना अति बरखा, ना अति धूप / ना अति बोलता, ना अति चुप. दुनिया में रहे के बा त एक दोसरा से कारोबार करहीं के पड़ी आ तब मुद्रा विनिमय के सहारा लेबहीं के पड़ी. आ एही खातिर रिजर्व बैंक नजर गड़वले राखेला. अगर सीमा से बेसी दाम चढ़ी त ऊ डॉलर बेचे लागी आ सीमा से बेसी गिरी त खरीदल शुरु कर दी. आ आखिर में फेरु सवाचल चाहत बानी कि फोरेक्स में ट्रेडिंग त नइखे करे लगलीं ?

सोचत त बानी. तरह-तरह के ट्रेडिंग में ई सबले लोकप्रिय आ सुरक्षित ट्रेडिंग मानल जाला.

से त ठीक बा बाकिर तबहियें ले जब ले रउरा सही स्टॉपलॉस लगा के करत बानी आ अपना पूंजी के प्रबंधन कड़ाई से करत बानी. काहें कि फोरेक्स ट्रेडिंग में लिवरेज बहुते बेसी मिलेला. कम पूंजी लगा के बहुते बेसी कमा सकीलें बाकिर दाँव उल्टा पड़ी गइल त घर-दुआर बिकातो देर ना लागी.

भउजी, तू त सेबिओ के चाची लेखा बतियावत बाड़ू. बाकिर जान के खुशी मिलल कि तोहरा एकरो जानकारी रहेला.

चमचई कइला से कवनो फायदा नइखे काहें कि हम रउरा के कुछ बतावे वाला नइखीं. जीतब त आपन पीठ ठोकब बाकिर हारब त हमरे पर दोस लगा देब.

ना भउजी, अइसन ना होखी. अगर कुछ बता सकऽ त बतईह जरुर.

देखल जाई, बाकिर फीस देबे के पड़ी.

एकर उमेद मतिए रखीहऽ भउजी, काहे कि हमनी के आदत हो गइल बा मुफ्तखोरी के.

Loading

0 Comments

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 10 गो भामाशाहन से कुल मिला के पाँच हजार छह सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)


18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया


(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(5)

5 अगस्त 2023
रामरक्षा मिश्र विमत जी
सहयोग राशि - पाँच सौ एक रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


अँजोरिया के फेसबुक पन्ना

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up