शतरंज के खेल

by | Dec 15, 2010 | 1 comment

भउजी हो !

आईं बबुआ, हम रउरे इन्तजार में रहली हँ.

काहे भउजी ? तोहरा कइसे मालूम हो गइल कि हम आवे वाला बानी ?

रउरा का सोचीलें हम हरदम चुहानिये में रहीलें ? देश दुनिया के खबर हमरो लगे रहेला. पूछीं का जाने चाहत बानी ?

भउजी तू त आजु अगम जानी लेखा बतियावत बाड़ू. बताइये द हम का पूछल चाहत बानी.

रउरा मन में सवाल उठत बा कि आखिर का हो गइल कि अचके में ए॰राजा, नीरा राडिया, प्रदीप बैजल, करुणानिधि के परिवार, तमिल के बड़हन पत्रकार सभका किहाँ छापा पड़ गइल ?

ठीक कहलू भउजी. बाकिर जवना लोग के बचावे खातिर अतना उतजोग भइल, अतना बतकूचन भइल, ओहि लोग पर आजु अचके में सीबीआई के नजर टेढ़ कइसे हो गइल ?

एहीसे कहीलें बबुआ कि कबो कबो खेलो तमाशा देखल करऽ. शतरंज के खेल देखले बाड़ऽ? जब ले राजा भा वजीर पर कवनो खतरा ना रहे तब ले खिलाड़ी एक एक प्यादा तक ले के बचावत रहेला. बाकिर जब बाति राजा भा वजीर पर आवे लागे तब प्यादा त प्यादा, किलेबंदी कर के हाथी भा वजीर तक के कुर्बानी दे दिहल जाला. आजु जवन हो रहल बा तवन त सगरी प्यादा हउवन सँ. हमरा त लागत बा कि अब वजीरो के बारी बा जाये के. काहे कि सभे जाव त जाव राजा बाँचल रहे के चाहीं.

बाकिर ई वजीर काहे जाई?

एहसे कि ओकर मोल कवनो प्यादा से बेसी नइखे. प्यादा जब आखिरी लाइन ले चहुँप जाला त ओकरा के कबो कबो वजीरो बना दिहल जाला बाकिर असल में त ऊ प्यादे रहल, प्यादे रही. आ प्यादो के एकर पूरा भान रहेला. सुननी हँ ना कि नीरा राडिया इहाँ तक तय करत रही कि के मंत्री बनी आ केकरा के कवन मंत्रालय दिहल जाव !

एको बाति तूहू जानि लऽ भउजी. एही सब का चलते तोहरा लगे आवे से कतराइलें कई बेर. काहे कि तू अइसन साँच बोल देलू कि गरदन पर फँसरी लागे के डर बनि जाला.

ए बबुआ, साफगोई खराब जरूर होले बाकिर जरुरीओ होले.

ठीक बा भउजी देखल जाई. जब ओखर में मूड़ी पड़ले बा त मुसर से कतना डेराइल जाई.

Loading

1 Comment

  1. ajit kumar yash

    ई नीरा रादिया कुछ दिन क बाद मंच प आ जिहेन.इ हिन्दुस्तान के लोगान के नज़र मे आवे के भधिया तरीका बन गैल बा
    कवानो ग़लती कर कहु से डरे के ज़रूरत निखे. हमणि भीरी अपने से कांहवा फ़ुर्सत बा की देश दुनिया के बारे मे सोचल जओ.लोगन के नज़र मे आवे के बा त कवानो ग़लती कर और हीरो बनी जा.

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up