अब नांव के ले के परेशानी

by | Feb 23, 2012 | 0 comments

– जयंती पांडेय

बाबा लस्टमानंद कलकाता अइले. उनका गांव के लोग इहां रहऽत रहे. ओहमें सबसे जियादा नांव रहे एकसिया बाबा के बेटा ठटपाल तिवारी के. अब बाबा उनका बाप से उनकर नांव पता ले लेहले आ पहुंच गइले खोजे. कलकाता के साल्ट लेक महल्ला आ सब केहु चेहरा पर एगो शान आ दंभ ओढ़ले घूमत रहे. खोजत – खोजत उनका पता जा पहुंचले.

अब दरवाजा पर जवन नांव लिखल रहे ऊ रहे टी. पॉल. बाबा के हाथ के पुर्जा पर लिखल रहे ठटपाल आ इहां तऽ कवनो टी पाल रहऽता. लवटि अइले. अपना नाती अर्जुन नंद के घरे जा के बतवले कि एकसिया बाबा के बेटवा के जोहे गइल रहीं लेकिन बुझाता कि ऊ घर छोड़ देले बा. ओहिजा कवनो
टी पाल के नाव लिखल बा. लवटि अइनी हंऽ. बड़ा बेकहल हो गइल बाड़े सन ई लइका. खैर कवनो तरीका से समझा बुझा के घरे भेज दिहले.

हमनी के जीवन में कई गो बात नत्थी बा जेहपर हमनी के आपन कवनो हक नईखे. जइसे आपन पड़ोसी, आपन माई बाप आ आपन नांव. ई बस हो जाला एकर चुनाव ना कइल जा सके. लेकिन आज के दुनिया में पहिलका दू गो बात तऽ आपके अधिकार में नईखे लेकिन नांव पर अब हक बा. भदेस नांव बा तऽ दन दे बदल दऽ. अखबारन में तऽ नांव बदले के एगो कालमे खुल गइल बा. लेकिन एहु में एगो बड़ा आश्चर्यजनक बात बा कि नांव बदले वाला 98 प्रतिशत लोग मर्द हऽ मेहरारू नांव बदलबे ना करऽ सन. एह में हमनी के नेता लोग भी पीछे नईखे. उनकर नांव मशहूर हो गइल बा तऽ लोग आपन नांव नईखे बदलत आ ई गोस्सा शहरन पर उतारऽता. अब देखऽ बम्बई के नांव मुम्बई हो गइल आ मद्रास चेन्नई हो गइल, बंगलोर पर तो रोज विवाद होला कि बंगलूर हऽ कि बंगलुरू. बंगाल बंग हो गइल. अब देखऽ कि बंगाल के बाहर बंगाली डाक्टर बंगो डाक्टर हो जहिये सन आ बंगाली रसगुल्ला बंगो रसगुल्ला कहाये लागी आ बंगाल के जादू बंगो जादू हो जाई. अब कोलकाता जा तऽ नया हरानी. ममता दीदी जब रेलमंत्री भइली तऽ इहवां के मय मेटो रेल के स्टेशनन कं नांव बदल दिहली. अब नांव हो गई उभम कुमार आ मास्टर दग् वगैरह- वगैरह.

एक ओर लोग दनादन नांव बदलऽता दोसरका ओर केहू के नांवे नइखे मिलत कि नाती पोता के का नांव दी. अरे दू चार के टेलीफोन डायरेक्टरी मंगवा लेते तऽ बात बनि जाइत. कई बेर ढेर प्रचारित नांवो से बडहन प्राबलम हो जाला. अभी अण्णा के नांव चलल बा. कई गो मेहरारू अपना बेटन के नांव अण्णा ध दिहले बा. अब आगे जा के कवनो लइकी अण्णा से कइसे बियाह करी काहे कि अण्णा के माने होला भइया.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up