जांच चलत रहेला आ घपला होत रहेला

by | Jun 28, 2012 | 0 comments

– जयंती पांडेय

आजुकाल रोज सरकार के ओर से एगो आश्वासन दिहल जाला – अगर कहीं गलती भइल होखी त ओकर जांच होई. जांच चलत रहेला, नतीजा कबहुओं सामने ना आवे. जेतना गलत काम होला सबके शुरुआत जांच से होला आ खत्म ई नतीजा से होला कि कवनो गलती नइखे भइल. सरकारी धन के कवनो दुरुपयोग नइखे भइल, भा खाली कुछ मामूली नियम के चाहे कहीं प्रक्रिया के उल्लंघन भइल बा. प्रक्रियो में सरकार के मंशा ठीके रहे. सम्बन्धित मंत्री, अफसर आदि के इरादा खराब ना रहे. काम तेज गति से पूरा करे खातिर आ बजट के प्रोपर उपयोग करे खातिर ई सब चले ला. जांच एजेन्सीज के काम ह जांच कइल आ सरकार के काम ह विकास के काम के तेजी से पूरा कइल. मार्च में त करोड़ो अरबों रुपया के सरकार अलग अलग संस्था के दे के लेप्स होखे से बचा लेले आ धीरे धीरे जांच चलत रहे ला.

सरकार हर जांच के बाद कहेले कि जे दोष कइले बा लोग ऊ लोगन के छोड़ल ना जाई. दोषी के सजा जरूर मिली. सरकारी धन वसूलल जाई. लेकिन कुछ होला ना. कई बेर जांच के बाद रिपोर्ट के बारे में अफसर भा मंत्री कह देला – हम त अबे जोईन कइले बानी ई हमरा आवे से पहिले के मामला ह. जियादा होशियार मंत्री-अफसर कहेले – मामला के बारे में हमरा त मालूमे ना रहे ई त आप बतवनी हं त पता चलल. अबहींए चेक करऽ तानी. दोषी बांची ना. मगर दोषी बच जाला. जे बेसी खुर्राट होला ऊ पहिलका सरकार पर दोष मढ़ देला आ जनता के धन्यवाद दे देला कि ऊ ओइसन नकारा सरकार के उखाड़ के बिग दिहलस. जांच चलत रहेला. सरकारो चलत रहेले. घपला, घोटाला, भ्रष्टाचारो चलत रहेला. सरकार कड़ा कदम उठावे के घोषणा करेले. कठोर निर्णय लेवे के किरिया खाले. ज्यादा कहला पर सरकार विदेशी हाथ होखे के गीत गावे लागे ले. सरकार कहेले कि कुछ देश में अस्थिरता पैदा करे के चाहऽतारे सन, हम एकनी के सफल ना होखे देब. जांच से जांच एजेन्सी व मीडिया के फायदा होला. जांच रिपोर्ट लीक क के मीडिया टी आर पी आ पत्रिका के बिक्री बढ़ा लेला. जांच जारी रहेला अउर भ्रष्टाचारो जारी रहेला. घोटालो जारी रहेला आ घपलो जारी रहेला. ई जान जाईं कि जांच आ घपला में उहे सम्बंध बा जे फूल आ ओकर सुंदरता में बा. काहे कि जे घपला ना होई त जांच कवन बात के आ जब जांचे ना होई त घपला के स्टैंडर गिर जाई.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up