राजनाथ सिंह के माफी मंगला का पीछे का राज बा

by | Sep 24, 2023


पिछला दिने संसद में भइल एगो झका-झूमरी में मीडिया में चर्चा बा कि भाजपा के एगो सांसद रमेश बिधूड़ी बसपा सांसद दानिश अली के एक मिनट में एगारह बेर गरिया दिहलें. बाद में ओकरा के संसद का कार्यवाही का रिकार्ड में से निकाल दीहल गइल.

बिधूड़ी के बयान का बाद हंगामा होखही के रहल आ जम के भइबो कइल. जब ले बाकी लोग सोचते रहल तबले भारत सरकार के रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह तपाक से उठलन आ रमेश बिधूड़ी के बयान खातिर माफी मांग लिहलन.

अब सोशल मीडिया पर चरचा बा कि जब पीएम के नीच कहे वाला माफी ना मांगे, सनातन के उन्मूलन के बात कहे वाला माफी ना मांगे, रामचरितमानस का बारे में उल्टा-सुल्टा कहे वाला माफी ना मांगे, त राजनथ सिंह के कवन कीड़ा कटले रहल कि ऊ तपाक से माफी मांग लिहलन ? आ खाली उहे ना, कुछ अउरियो भाजपाई बिधूड़ी के बयान के आलोचना करे लगलें. असल में हिन्दूवादी कहाए वाला भाजपो में बहुते लोग के सिकूलर (गलती से सिकूलर नइखीं लिखले) कीड़ा काटत रहेला. गुड़ खायब बाकिर गुलगुला से परहेज करे का एही बीमारी का चलते लालकृष्ण आडवाणी के राजनीति से सन्यास हो गइल. तबो अगर कवनो भाजपाई एही तरह के गलती करत बा त ओकरा पीछे जरुर कवनो ना कवनो कारण होखे के चाहीं.

पता ना अइसनका लोग काहें ना देखसु-बूझसु कि जब कवनो हिन्दूद्रोही हिन्दुत्व भा हिन्दू का खिलाफ जहर उगिलेला त ओहनी के पूरा गिरोह बचाव करे, बात घुमावे के कवर फायर करे लागेला. सर तन से जुदा करे का नारा आ सर तन से जुदा कर देबे का वाकया का बादो कबो देखले बानी हिन्दूद्रोहियन के सफाई देत भा माफी मांगत ?

वइसे हमरा इहो पूरा पता नइखे कि कहीं ई सब कुछ भाजपा के कवनो योजना का मुताबिक त नइखे भइल. हमरा जहाँ ले मालूम बा संघ परिवार में कनियवो के भाई, दुलहवो के भाई वाला रणनीति काम करत रहेला. पुरनका जमाना में बाजपेयी, आडवाणी, जोशी के तिकड़ी एही योजना का हिसाब से रहुवे.

अगर जोड़-तोड़ वाला हालात बने त बाजपेयी, साफ बहुमत मिल जाव त आडवाणी, आ दू तिहाई बहुमत मिल जाव त जोशी. संघ के आनुसंगिक संगठनन में एक पक्ष आरक्षण का तरफ त दुसरका पक्ष ओकरा विरोध में खड़ा करिके राखल जाला. राम मंदिर के लड़ाई लड़ेवाला राम का राहे कम कृष्ण का राहे अधिका चलेलें. उनुका ला लक्ष्य प्राप्ति अधिका जरुरी होला, राह तनी टेढ़ो-बाकुर होखो त कवनो हरज ना.

अब एही धारा पर चलत हो सकेला कि वैकल्पिक तईयारी रखात होखो, ना त गडकरी-राजनाथन के कहिए किनारे लगा दीहल गइल रहीत. शायद एही चलते चारखाना के गमछी आ जालीदार टोपी पहिर के इफ्तार के भोज चाव से खाए वाला राजनाथ के सिकूलर बनर रहे के निर्देश मिलल होखो. वइसे कुँवर दानिश अली के पुरखा कुँवर रहलें आ राजनाथो सिंह कुँवरे खानदान के हउवन ई कारण त नाहिये होखी एकरा पाछे. मुगल काल में राजपूत राजा राजनीतिक कारण से ओहनी से रोटी-बेटी के संबंधो राखे से गुरेज ना करत रहलें. हो सकेला कि राजनाथो सिंह सोचत होखसु कि अगर कुरसी मिले के उमेद रहे त टोपी पहिरलो में कवनो हरजा नइखे.

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up