भारत के नयका नेतृत्व सशगे खास खास मुद्दन पर बतियावे खातिर अमेरिका के विदेश मंत्री जाॅन कैरी बुध का दिने भारत के तीन दिन के यात्रा पर दिल्ली चहुँपले. बियफे का दिने इनकर भेंट भारत के विदेश मंत्री सुषमा स्वराज सशगे बातचीत होखी आ शुक का दिने सबेर में मोदी संगे भेंट होखे के उमेद बा. कांग्रेसी आ सेकुलर दबाव में आ के अमेरिका बरीसन ले नरेन्द्र मोदी के अमेरिका जाए ला वीजा ना दिहलसि. ओह घरी के बेवकूफी अब अमेरिका के महँग पड़त लागत बा आ अमेरिका बहुते कोशिश में बा कि मोदी संगे ओकर सहज नाता बन सके.
0 Comments