आखिर भारत हारिये गइल

by | Jul 26, 2011 | 0 comments

इंग्लैंड का साथे होखत लॉर्ड्स क्रिकेट टेस्ट मैच में भारत आखिरकार हारिये गइल. हार के मुख्य कारण रहल बल्लेबाजन के लचर खेल. इंगलैण्ड के दुसरका पारी में भारत के गेंदबाज शुरु में बेहतर कमाल देखवले रहले आ ७२ रन पर इंगलैण्ड के पाँच गो विकेट चटका दिहले रहले बाकिर ओकरा बाद इंगलैण्ड फेर जम गइल रहे आ दुसरका पारी में छह विकेट गवाँ के २६९ रन पर पारी घोषित कर दिहले रहे. पहिलको पारी इंगलैण्ड घोषिते कइले रहे जब ऊ आठ विकेट का नुकसान पर ४७४ रन बनवले रहे. एकरा जबाब में भारत पहिलका पारी में २८६ रन पर आल आउट हो गइल रहे आ काल्हु पाँचवा दिने अपना दुसरको पारी में २६१ रन बना पवलसि. भारत ई टेस्ट द्रविड़ का शतका का बावजूद हार गइल जिनका शतका का बाद भारत एके बेर हारल रहे. ई दुसरका बेर हो गइल जब द्रविड़ के शतक शगुनिया साबित ना हो पावल. सचिन से उम्मेद रहे कि एह टेस्ट में शायद ऊ अपना शतक के सउवाँ लगा दीहे बाकिर अइसन ना हो पावल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up