उत्तर प्रदेश के खबर, अतवार 21 अगस्त का दिने

by | Aug 21, 2011 | 0 comments

  • अन्ना हजारे के अपील पर अतवार साँझ शाम उत्तर प्रदेश के कई इलाका में लोग अपना-अपना क्षेत्र के सांसद के आवास के बहरी प्रदर्शन कइल.
  • महिला उत्पीड़न का खिलाफ आजु अतवार का दिने लखनऊ में बेशर्मी मोर्चा निकालल गइल.
  • उत्तर प्रदेश में यमुना अतवार का फजीरे खतरा के निशान पार कर गइल.
  • उत्तर प्रदेश का फिरोजाबाद में पुलिस ने एगो मरद मेहरारू के 15 गो विदेशी पिस्तौलन का साथे गिरफ्तार कइले बिया. ओकनी के हथियार तस्कर बतावल जात बा.
  • उत्तर प्रदेश के मुरादाबाद जिला में पिछला 12 दिन से जारी कर्फ्यू अतवार के दिने पूरा हटा लिहल गइल.
  • प्रदेश में बाढ़ के हालात बिगड़ला से सेना के सतर्क करा दिहल गइल बा. राज्य के सगरी बड़की नदी उफनाइल जात बाड़ी सँ.
  • खतरा का निशान से उपर बहत गंगा से बलिया जनपद में बाढ़ के अनेसा हो गइल बा आ जिला में हाई अलर्ट घोषित हो गइल बा. कुछ दिन पहिले निचला इलाकन में घुसल बाढ़ के पानी अबहियो ओहिजे जमकल बा.
  • साठ गो बीएड कॉलेजन के संबद्धता खतरा में बावे. पूर्वांचल महाविद्यालय, रानी के सराय में नया सत्र में दाखिला पर रोक लगा दिहल बा. रामझारी महाविद्यालय, जौनपुर के संबद्धता रद्द करे पर विचार होत बा.
  • बसपा के सांसद रहल आनन्द सिंह आ उनुकर बेटा कीर्तिवर्धन सिंह काल्हु सपा में शामिल हो गइले. मुलायम सिंह कहले कि आनन्द सिंह के अगिला विधानसभा चुनाव में गोण्डा के गौराचौकी सीट से उम्मीदवार बनइहे.
  • बरखा आ दोसरा कारण से खराब भइल सड़कन के पन्द्रह नवम्बर का पहिले मरम्मत करवा देबे के आदेश यूपी सरकार दिहले बिया.
  • गाजीपुर भांवरकोल थाना के किसुनपुरा गाँव में अपना डेरा पर सूतल एगो बूढ़ के गरदन दबा के मार दिहल गइल. पुलिस जाँच करत बिया. केहू के गिरफ्तारी नइखे भइल.
  • बनारस के नवापुरा में एगो कोचिंग के छत गिरला से तीन गो छात्रा घवाहिल हो गइली. संचालक के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • इंजीनियरिंग कॉलेजन में सीटो भर विद्यार्थी नइखन मिलत. अब हालत ई हो गइल बा कि बगैर डोनेशन सीधे एडमिशन करावे खातिर बोलावत बाड़ी सँ कॉलेज. कोचिंग चलावे वालन से संपर्क साधल जा रहल बा.
  • मुलायमो सिंह यादव अन्ना के आन्दोलन के समर्थन कइले बाकिर कहले कि लोकपाल बिल में संशोधन खातिर सभकर राय लिहल जाव.
  • मथुरा कृष्ण जन्मभूमि पर जन्माष्टमी का अवसर श्रद्धालुवन के बड़हन संख्या जुटे लागल बा. आजु रात के जन्माष्टमी मनावल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up