उत्तर प्रदेश के खबर

by | Sep 21, 2011 | 0 comments

(मंगल 20 सितम्बर)

  • गाजीपुर के मुहम्मदाबाद आ महराजगंज में आयोजित भाजपा के विजय संकल्प सम्मेलन में भाजपा अध्यक्ष रहल राजनाथ सिंह गरजले कि विधायक कृष्णानंद राय के हत्यारन के सजा मिल के रही. बसपा आ कांग्रेस पर हमला बोलत राजनाथ सिंह कहलन कि अगर विकास चाहीं त भाजपा के जिताईं.
  • राज्य परिवहन निगम अपना बेड़ा में पाँच सौ नया बस शामिल कर लिहलसि. ई जानकारी देत परिवहन मंत्री रामअचल राजभर कहले कि राज्य के सगरी बड़का बस अड्डा के इंटरनेट से जोड़ दिहल जाई जवना से लोग बस के आवे जाये के जानकारी ले पइहें आ इंटरनेट का सहारे लमहर दूरी वाला यात्री आपन सीट आरक्षित करा पइहें.
  • गोरखपुर के दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय के दीक्षान्त समारोह आजु होखे जा रहल बा. समारोह के अध्यक्षता राज्यपाल आ कुलाधिपति बी एल जोशी करीहें आ प्रधानमंत्री के आर्थिक सलाहकार प्रोफेसर वी एस व्यास मुख्य अतिथि रहीहें.
  • बसपा अपना हमीरपुर सदर विधायक अशोक कुमार सिंह के पार्टी से निकाल दिहलसि काहे कि ऊ अपना समाज के बसपा से जोड़े में असफल रहले. क्षेत्र के जनता आ पार्टी कार्यकर्तन का साथे उनुकर पटरी ना बइठ पावल.
  • देवरिया के रुद्रपुर इलाका में जिउतिया पर्व पर गोर्रा नदी में नहाये गइल आठ गो लड़की डूबे लगली सँ त तीन गो के बचा लिहल गइल बाकिर पाँच गो डूब गइली सँ. गाजीओपुर जिला से चार आदमी के डूबे के खबर बा जे सैदपुर आ करीमुद्दीनपुर इलाका में डूबले.
  • बांदा बलात्कार मामला में आरोपी नरैनी से बसपा विधायक पुरूषोत्तम ना॰ द्विवेदी के परिवार वालन से पूछताछ कइलसि सीबीआई टीम.
  • उप्र के शाहजहाँपुर में एगो कन्या विद्यालय के 60 गो छात्रा आयरन के मिलल गोली खइला से बीमार पड़ गइली आ सभके अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • जालौन के जिला कारागार में एगो विचाराधीन कैदी कथित रूप से फांसी लगा लिहलसि बाकिर परिजनन के कहना बा कि ओकरा के मार दिहल गइल बा. घटना के जांच के आदेश दे दिहल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up