उत्तर प्रदेश के खबर

by | Nov 10, 2011 | 0 comments

(बुध, 9 नवंबर)

  • लखनऊ के दू गो मुख्य चिकित्सा अधिकारियन के हत्या के मामिला के जाँच करे वाला सीबीआई टीम के आजु बुध का दिने अदालत से दू महीना के अउरी समय दे दिहल गइल.
  • मऊ के स्वतंत्रता सेनानी, चन्द्रभान गुप्त के मंत्री मण्डल में मंत्री रहल, विधायक रहल रामविलास पाण्डेय के आजु पंचानबे साल का उमिर में निधन हो गइल. उनुकर अंतिम संस्कार काल्हु दोहरी घाट पर कइल जाई.
  • फैजाबाद के इनायतनगर इलाका में एगो सड़क दुर्घटना में आचार्य नरेन्द्रदेव कृषि विश्वविद्यालय के वैज्ञानिक डा॰ पीएन सिंह आ बिहार कृषि विश्वविद्यालय के अमरनाथ प्रसाद के मृत्यु हो गइल आ चार गो शोध छात्र घवाहिल हो गइले.
  • भाजपा के स्वाभिमान यात्रा के दुसरका चरण में आजु बहराइच से राजनाथ सिंह आ हमीर पुर से कलराज मिश्र आपन आपन यात्रा शुरु कइलन. एह चरण के समापन सत्रह नवम्बर के अयोध्या में होई.
  • बलिया के ददरी मेला आजु से शुरु हो गइल. कातिक नहान खातिर भारी भीड़ बलिया पहुँचल शुरु हो गइल बा. एह साल ददरी के मेला अपना पारंपरिक जगहा से हट के लागल बा काहे कि मेला क्षेत्र के जमीन पर लोग मकान बना लिहले बा.
  • उत्तर प्रदेश के विपक्षी दलन के आरोप बा कि मायावती सरकार के सबले भठियारा बतावे वाला वरिष्ठ पुलिस अधिकारी डी.डी. मिश्रा के नजरबंद कर दिहल गइल बा.
  • अलीगढ़ में पुलिस बुध का दिने एगो अवैध हथियार फैक्ट्री के भंडाफोड़ करत तीन गो अपराधियन के 40 गो तमंचा का साथे गिरफ्तार कर लिहलसि.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up