एक्जिट पोल जवना पर चुनावो आयोग के बस नइखे

by | May 9, 2024 | 0 comments

लोकसभा चुनाव के तीन फेरा हो चुकल बा. चार फेरा अबहियों बाकी बा. चुनाव आयोग के आदेश बा कि कवनो ओपिनियन भा एक्जिट पोल आखिरी दौर के मतदान खतम होखे से पहिले ना त कइल जा सकेला ना देखावल-सुनावल जा सके. बाकिर एगो एक्जिट पोल कहीं भा ओपिनियन पोल रोजे हो रहल बा आ ऊ बहुते कुछ बतावत बा.

बाजार के चढ़ल-गिरल हमेशा चलत रहेला जवना के व्याख्या चतुर-सुजान लोग अपना-अपना हिसाब से करत रहेला. कवनो माई के लाल बाजार बन्द होखे से पहिले दावा से कुछ ना कहि सकसु बाकिर बाजार बन्द होखते एह लोग के ज्ञान-चक्षु खुल जाला आ तब एह अन्दाज में व्याख्या करे लागेला ई चतुर-सुजान लोग जइसे कि एह लोग के सब कुछ के कारण पता बा.

एने 2 मई से बाजार लगातार गिरावट का साथे बन्द हो रहल बा. सुजान लोग के सहज व्याख्या बा कि लोकसभा चुनाव का चलते अइसन हो रहल बा. आजु बियफे का दिने ई लोग बतावत बा कि आजु के हाहाकार में निवेशकन के 7 लाख करोड़ रुपिया से अधिका डूब गइल. आ बतावत बा लोग कि बाजार में गिरावट के बड़का वजह लोकसभा चुनाव 2024 के तीन चरण बीतला का बाद बन गइल अनिश्चितता के अनेसा बा. पहिले लागत रहल कि मोदी सरकार के धमाकेदार वापसी होखि बाकिर अब लोग असमंजस में आ गइल बा. एह लोग के कहना बा कि जीत के मार्जिन कम होखे के अनेसा बन गइल बा. ऊपर से मतदानो कमे हो रहल बा.

आईएफए ग्लोबल के फाउंडर अभिषेक गोयनका न्यूज एजेंसी रॉयटर्स के बतवले बाड़न कि बाजार में अस्थिरता बढ़ रहल बा आ एकरा पीछे के कारण बा कि भाजपाई गठबंधन के उम्मीद से कमजोर बहुमत मिले के बा. ूडुकर कहना बा कि बाजार में हो रहल घबराहट बहुते कुछ बतावत बा.

सब छँवड़ी झूमर पाड़े त लंगड़ी कहे हमहूं वाला अन्दाज में सोचनी कि काहे ना कुछ गणित हमहूं लगाईं.

चुनाव से बहुत पहिले 26 अक्टूबर 2023 का दिने निफ्टी 18857 पर बन्द भइल रहुवे आ ओकरा बाद तेजी का दौर में निफ्टी 13 फरवरी 2024 का दिने 21840 बन्द भइल रहल. बाजार कबो सोझ लाइन पर ना चले. ओकर त आदते होला लहरियात चले के. जब चुनाव नजदीक आइल तब 10 अप्रैल 2024 का दिने निफ्टी 22753 पर बन्द भइल रहुवे. चुनाव के पहिलका दौर से ठीक पहिले 18 अप्रैल का दिने निफ्टी 21995 पर बन्द भइल रहल.

19 अप्रैल का दिने जब वोटिंग के पहिलका दौर चलत रहल त एक्जिट पोल का तरह निफ्टी तेजी का साथे 22147 पर बन्द भइल. 26 अप्रैल के मतदान वाला दिनहू तेजी का साथ 22419 पर बन्द भइल निफ्टी. बाकिर ओकरा बाद से गिरावट के जवन दौर शुरु भइल बा तवन 7 मई का वोटिंग का बाद गिरावट का साथे 22302 पर बन्द भइल. अगिला दिने तनिका सुधार जरुर देखे के मिलल बाकिर आजु के गिरावट बहुते लोग के खाना खराब कर दिहले होखी. आजु निफ्टी के साप्ताहिक निपटानो के दिन रहुवे इहो एगो वजह हो सकेला. आजु निफ्टी 21957 पर बन्द भइल बा.

अब सगरी आंकड़ा रउरो सोझा बा रउरो सोचीं कि बाजार का संकेत दे रहल बा. सबले कमाल के बात बा कि एह अटकर पचीसी पर चुनावो आयोग कुछ ना कर सके. चार चरण के चुनाव अभी बाकी बा आ हर चरण पर बाजार कुछ ना कुछ बतावते रही. सजग रहीं आ चुनावी प्रबंधन में लागल लोग तय करे कि कहीं सायरन त नइखे बाजत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up