एक त बाँड़ अपने जइहें नौ हाथ के पगहो ले जइहे

by | Jul 26, 2011 | 0 comments

टूजी स्पेक्ट्रम घोटाला में आरोपी का रूप में तिहाड़ जेल में बन्द पूर्व दूरसंचारमंत्री ए॰राजा काल्हु अदालत में अपना बयान में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह समेत सगरी पुरनका दूर संचार मंत्रियन के लपेटा में ले लिहलन. उनुका मासूमियत के हद त ई रहल कि कहलन कि उनुका के त पुरस्कार मिले के चाहीं जे दूर संचार सेवा आम आदमी के लायक बना दिहलन. अतना सस्ता करा दिहलन कि आजु सब्जी बेचे वाला आ घर के दाईयन तक का लगे मोबाइल आ गइल बा.

ए॰राजा का बयान का बाद कांग्रेस का तरफ से लीपापोती चालू हो गइल बा आ भाजपा का तरफ से कांग्रेस पर राजनीतिक हमला. कहल जात बा कि जब सगरी कुछ प्रधानमंत्री का जानकारी में भइल त उहो जिम्मेदार बाड़न आ चिदम्बरमो जे वित्त मंत्री का रूप में एह काम के आपन समर्थन दिहले रहलन.

अपना पर लागल आरोप से तिलमिलाइल चिदम्बरम के कहना बा कि चूंकि कुछ आतंकी वारदातन में हिन्दू संगठनन के हाथ होखे के सुबूत मिलल बा आ सरकार ओह मामिलन का जाँच में तेजी ले आइल बिया एह सबसे घबरा के भाजपा वाले उनुका पर आ दोसरा मंत्रियन पर गलत आरोप लगा रहल बाड़े. ई उहे गृहमंत्री हउवन जे मुंबई पर भइल हाल का हमला के कवनो सुबूत आजु ले ना खोजवा पइलन.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up