कर्नाटक में संवैधानिक संकट गहराइल

by | Jan 23, 2011 | 0 comments

कांग्रेस के केन्द्र सरकार राज्यपालन के हमेशा आपन कठपुतली बना के रखलसि आ जब तब ओहिजा के गैर कांग्रेसी सरकारन के अपदस्थ भा अस्थिर करत आइल बिया. एही क्रम में अबकी कर्नाटक में हो रहल बा जहवाँ राज्यपाल एगो पार्टी के नुमाइन्दा का तरह काम कर रहल बाड़न, मुख्यमंत्रियो के उहे हाल बा, अब राज्यपाल आ मुख्यमंत्री में ठन गइल बा. आ केन्द्रीय गृह मंत्री पीचिदम्बरम राज्यपाल हंसराज भारद्वाज के समर्थन करत राज्यपाल का खिलाफ कर्नाटक बन्द के आलोचना कइले बाड़न. मुख्यमंत्री का खिलाफ जमीन आवंटन के मामिला में मुकदमा दर्ज भइल त मुख्यमंत्री इस्तीफा देबे से इन्कार कर दिहले बाड़न. दोसरा तरफ चार गो पूर्व मुख्यमंत्रियन का खिलाफ मामिला कोर्ट में दर्ज करावे के कोशिश हो रहल बा. एह में एस एम कृष्णा, बाप बेटा एच डी देवगौडा अउर एच डी कुमारस्वामी का साथे एन धरम सिंह के नाम शामिल बा.

अब दिल्ली के संसद के लड़ाई परोक्ष रुप से बेंगलुरु में लड़ल जा रहल बा. एहसे अबकियो संसद सत्र चले के संभावना पर संकट बुझात बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up