कलक्टर के जिन्दा जरावे वाला पोपट अपनहू मर गइल

by | Jan 31, 2011 | 0 comments

पिछला पचीस जनवरी के महाराष्ट्र में मालेगाँव के एडीशनल कलक्टर यशवंत सोनवाने के जिन्दा जरा के मार डाले वाला पोपट शिन्दे आजु मुंबई का जे जे अस्पताल में इलाज का दौरान अपनहू मर गइल. बतावल जात बा कि जरत सोनवाने पोपट के जकड़ि लिहले रहले जवना से उहो सत्तर फीसदी जर गइल रहे आ ओकरा के गम्हीराह हाल में अस्पताल में भरती करावल गइल रहे. बाकिर ओकरा मौत का बाद आम आदमी का बीचे सुगबुगाहट बा कि शायद ई एह खातिर भइल कि मामिला के पेंच ना खुले.

सोनवाने के तब जरा के मार दिहल गइल जब ऊ एगो टैंकर से तेल निकालत देख के अपना मोबाइल से ओकर वीडियो ले लिहलन आ पुलिस के बोलावत रहले. एही बीचे तेल में मिलावट करे वाला पोपट शिंदे अपना आदमियन सहित ओहिजा चहुँप गइल आ सोनवाने के ओहि टैंकर का तेल से जरा दिहलसि. बाद में अपना बयान में पोपट कहले रहे कि सोनवाने बहुते घूस माँगत रहले जतना दिहल ओकरा वश में ना रहे. ओही बतकही मे बात बढ़ गइल आ हादसा हो गइल. अब पोपट के मौत का बाद ओह मामिला के पेंच ना खुल पाई अइसन अनेसा गलत ना कहाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up