खबर एक नजर में (13 जून 2011)

by | Jun 13, 2011 | 0 comments

चउवालीस गो टॉपरन में चालीस गो लड़िकी

बिहार के कला संकाय इंटर रिजल्ट में लड़िकी सब आपन कमाल देखा दिहले बाड़ी सँ. उपर के पन्द्र स्थान पर आवे वाला चउवालीस गो परीक्षार्थियन में चालीस गो लड़िकी बाड़ी सँ. सर तुलसी कॉलेज कटिहार के छात्रा प्रणिता सरीन पहिला जगहा पर बाड़ी. कला संकाय में अठासी फीसदी रिजल्ट आइल बा त व्यावसायिक संकाय में करीब चौरानबे फीसदी.


यूपी विधानसभा चुनाव में जदयू भाजपा का साथ मिल के लड़ी

जदयू अध्यक्ष शरद यादव काल्हु कहले कि यूपी विधानसभा का चुनाव में उनकर पार्टी भाजपा का साथे मिल के चुनाव लड़ी. बनारस में पत्रकारन से बतियावत शरद यादव आरोप लगवले कि प्रदेश में जंगल राज कायम बा आ किसानन के सबले बेसी परेशान कइल जा रहल बा.


यूपी के निघासन थाना में एगो लड़िकी के मौत के जाँच

राष्ट्रीय मानवाधिकार आयोग लखीमपुर खीरी का निघासन थाना में एगो चौदह साल के लड़िकी के एगो गिरल पेड़ का डाल से लटकत लाश का मामिला में आपन जाँच करी. आरोप लगावल जात बा कि पुलिसकर्मी ओह लड़िकी का साथे बलात्कार का बाद ओकर हत्या कर दिहले आ लाश के गिरल पेड़ पर लटका दिहले. प्रशासन एह मामिला में एगारह गो पुलिसकर्मियन के निलंबित कर दिहले बा बाकिर केहू के गिरफ्तारी नइखे भइल. दफन लाश दुबारा निकाल के ओकर फेर से पोस्टमार्टम करावल जाई. थाना के एगो दारोगा आ दू गो सिपाहियन पर सुबूत नष्ट करे के मुकदमा दर्ज करावल गइल बा.


बिहार में पुलिस बहाली

बिहार सरकार राज्य में पुलिस बल के जरुरत देखत हर साल नौ हजार सिपाहियन आ नौ सौ दारोगा के बहाली अगिला पाँच साल ले करी. एह तरह पाँच साल में करीब पचास हजार पुलिस कर्मियन के बहाली कइल जाई. बहाली प्रक्रिया कैबिनेट से मंजूरी मिलला का बाद शुरु होखी..


तकनीकी शब्द अंगरेजियो में पढ़ावल जाई

यूपी सरकार तय कइले बिया कि अब सरकारी प्राइमरी स्कूलन में विज्ञान आ गणित के पढ़ाई में हिन्दी का साथ साथ अंगरेजियो में तकनीकी शब्द दिहल जाई. हिन्दी के तकनीकी शब्द बहुते कठिन होला काहे कि ओकरा के संस्कृतनिष्ठ बनावल गइल बा. दोसरे आगा चल के अंगरेजी में पढ़े का दोरान विद्यार्थियन के फेर से ओह शब्दन के समुझे के पड़ेला. अंतर्राष्ट्रीय मानक का अनुसार अब अंक अंग्रेजी वाला इस्तेमाल कइल जाई.


रासप के सलाह खारिज कइलस सरकार

सोनिया गाँधी के अध्यक्षता वाली राष्ट्रीय सलाहकार परिषद के सलाह केन्द्रीय गृह मंत्रालय खारिज कर दिहलसि. परिषद के सलाह रहे कि भूमि अधिग्रहण आ पुनर्वास के एके विधेयक में राखल जाव बाकिर सरकार एह दुनु खातिर अलग अलग विधेयक ले आई. रासप के सलाह के रद्दी का टोकरी में फेंक दिहल गइल कि ई व्यावहारिक नइखे.


नक्सली जगदीश मास्टर गिरफ्तार भइल

गया पुलिस काल्हु एगो डाक्टर का नर्सिंग होम में भरती हो के आपन इलाज करावत कुख्यात नक्सली जगदीश यादव उर्फ जगदीश मास्टर के गिरफ्तार कर लिहलसि. डाक्टरो के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. आधा दर्जन अउरियो लोग के गिरफ्तारी भइल बा. पुलिस तीन गो मुखबीरन का साथे ओह अस्पताल पर छापा मरले रहे. गिरफ्तारी का बाद जगदीश मास्टर के पटना भेजल गइल बा.


वेस्ट इंडीज का साथ चउथका एकदिना आजु. पिछला तीनो एकदिना जीत चुकल भारत के टीम अब पाँचो मैच जीत का फिराक में बिया.
लंदन में हो रहल एटीपी टेनिस चैम्पियनशिप में पेस भूपति के जोड़ी पुरुष डबल्स का फाइनल में चहुँप गइल बा.
सानिया मिर्जो अब दुसरका दौर में चहँप गइल बाड़ी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up