खबर एक नजर में (13 मई 2011)

by | May 13, 2011 | 0 comments

ममता बनर्जी वामफ्रंट के सफाया करा दिहली
चौंतीस साल से सत्ता सम्हरले वामफ्रंट के करारा झटका देत ममता बनर्जी अपना “मा, माटी, मानुष” का नारा का साथ दू तिहाई से बेसी के बहुमत जीत लिहली. उनुकरा पार्टी तृणमूल कांग्रेस के अकेलही बहुमत मिल गइल बा, बाकिर संकते बा कि कांग्रेसो के सरकार में शामिल करइहे.


जयललिता तमिलनाडू पर काबिज भइली

मतदाता लोग के लुभावे खातिर दिहल रंगीन टीवी करुणानिधि खातिर कवनो काम ना कइलस. वोट में करुणानिधि के जइसन सफाया हो गइल वइसन त केहू के अंदाजा ना रहे. कांग्रेस खातिर ई बड़हन सबक बा कि भ्रष्टाचार के बरदाश्त करे का मूड में अब जनता नइखे. ओहिजो जयललिता के दू तिहाई बहुमत मिल गइल बा. बगल के राज्य पाण्डिचेरी में जयललिता के पार्टी बहुमत ले लिहले बा.


असम में भाजपा के सपना धूल धूसरित हो गइल

बड़ा चाव से भाजपा अबकी आसाम का चुनाव में उतरल रहे. ओकर दावा रहे कि ओहिजा ऊ सरकार बनाई बाकिर वोट में ओकरा करारी हार मिलल. अगर भाजपा आ अगप व्यावहारिक धरातल पर उतर के समझौता कर लिहले रहीत त हो सकत रहे कि ओहिजा कांग्रेस के हार हो जाइत बाकिर भइल दोसर. कांग्रेस ओहिजा लगातार तीसरा बेर सरकार बनावे जा रहल बिया.


वामफ्रंट के सफाया पूरा हो गइल केरल से

केरल में हर बार का चुनाव का तरह उलटफेर करत अबकी यूडीएफ बाजी मारत लउकत बा. एलडीएफ का हाथ से बहुमत निकलल लागत बा.


भाजपा के ललचा ललचा दिहले वोटर

आजु जब मतगणना के शुरुआती रुझान मिलल शुरु भइल त एगो बड़हन अचरज सामने आवत लउकत रहे. आसाम, पश्चिम बंगाल, तामिलनाडु, पुड्डुचेरी, केरल हर जगहा ओकर उम्मीदवार कुछ सीटन पर आगा चलत रहलन. थोड़की देर खातिर लागल कि भाजपा के कमल हर राज्य में खिल जाई. बाकिर ई हो ना सकल. हालांकि भाजपा आसाम छोड़ कवनो दोसरा राज्य में नामे खातिर मौजूद बिया. सीट ना मिलल ओकरा खातिर कवनो हार जइसन नइखे, हर जगहा एकाध सीट पर आपन दमदार मीजूदगी देखावल जरुर ओकर खासियत मानल जाई.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up