खबर एक नजर में (14 मई 2011)

by | May 14, 2011 | 0 comments

मायावती सरकार के चार साल

उत्तरप्रदेश के मौजूदा मायावती सरकार के काल्हु चार साल पूरा हो गइल. एह मौका पर लखनऊ में आयोजित एगो समारोह में बोलत मायावती कहली कि केन्द्र सरकार का अनदेखी का चलते राज्य के समुचित विकास नइखे हो पावत काहे कि केन्द्र समय पर धन नइखे देत. तबो राज्य सरकार अपना संसाधन का सहारे जतना संभव बा ओतना विकास करे में लागल बिया. कहली कि अगर केन्द्र बीच में फच्चर ना फँसावे त अगिला तीन साल में राज्य से बिजली संकट खतम हो जाई.


सदानंद सिंह जमानत याचिका लगवले

पूर्व विधानसभाध्यक्ष सदानन्द सिंह अपना पर दायर अनियमित बहाली करे का मुकदमा में जमानत खातिर विशेष अदालत में याचिका दायर कइले बाड़न जवना पर सोलह मई के सुनवाई होखी. याचिका में कहल गइल बा कि एह मामिला के हाई कोर्ट पहिलही खारिज कर चुकल बा. अदालत के एह बहाली में कवनो तरह के अनियमितता ना मिलल रहे.


बी॰एन॰कॉलेज के प्राचार्य के नियुक्ति रद्द

पटना हाई कोर्ट काल्हु बी॰एन॰कॉलेज के प्राचार्य राज किशोर प्रसाद के नियुक्ति करे वाली अधिसूचना के रद्द कर दिहलसि. उनुका नियुक्ति का खिलाफ कॉलेजे के एगो व्याख्याता राय मुरारी याचिका दायर कइले रहलन जवना पर अदालत के फैसला आइल बा.


पिपराइच से राजमति निषाद जीतली

पिपराइच विधानसभा सीट खातिर भइल उपचुनाव में सपा उम्मीदवार राजमति निषाद अपना निकटतम प्रतिद्वन्द्वी जितेन्द्र जायसवाल के साढ़े छब्बीस हजार वोट से हरा दिहली. भाजपा उम्मीदवार राधेश्याम सिंह तीसरा जगह पर रहलें. कांग्रेस आ बसपा आपन उम्मीदवार ना दिहले रहे.


मुस्लिम विश्वविद्यालय में पढ़ाई फेर शुरु

अलीगढ़ मुस्लिम विश्चविद्यालय के छात्रन के दू गो गुट का बीच भइल लड़ाई आ गोलीबारी का बाद विश्वविद्यालय के अनिश्चित काल खातिर बन्द कर दिहल गइल रहे. अब फेर से पढ़ाई के काम शुरु हो गइल बा आ विश्वविद्यालय के कई चरण में खोलल जाई,


डा॰के॰के॰पी॰सिंह के निधन
मुजफ्फरपुर के श्रीकृष्ण मेडिकल कॉलेज से अवकाश प्राप्त सर्जन प्राध्यापक डा॰के॰के॰पी॰ सिंह के काल्हु उनुका आवास पर निधन हो गइल. डा॰ सिंह ढेर दिन से दमा रोग से पीड़ित रहले. उनुका निधन पर मुजफ्फरपुर समेत राज्य के डाक्टर शोक मग्न हो गइले. डा॰ के॰के॰पी॰ सिंह बेजोड़ सर्जन रहले.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up